[the_ad_group id="30365"]

J&K Encounter: पुंछ में घुसपैठ के साजिश नाकाम, सेना के फायरिंग पs आतंकी भगलें सs

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पुंछ जिला में नियंत्रण रेखा पs दिगवार सेक्टर में सोमार देर सांझ सतर्क जवान घुसपैठ के साजिश के नाकाम कs दिहल लो। सेना के कार्रवाई से घुसपैठ कs रहल आतंकियन के भागे के पड़ल। एह दौरान एगो जवान के घायल होखे के सूचना बा। हालांकि, एकर आधिकारिक पुष्टि नइखे भइल। सूत्रन के कहनाम बा ई बैट हमला के प्रयास रहे। एमे पाकिस्तानी सेना के तरफ से भागत आतंकियन के कवर फायरो दिहल गइल बा।

सूत्रन के अनुसार, सोमार के सांझ करीब साढ़े सात बजे दिगवार सेक्टर में नियंत्रण रेखा पs तैनात सेना के जवान जीरो रेखा के ओह पार पाकिस्तान के कब्जा वाला इलाका से चार से पांच संदिग्ध आतंकियन के घुसपैठ के प्रयास करत देखल लो। एह पs आतंकी जवानन के तरफ गोलीबारी सुरू कs देलें सs। सेना के जवाबी गोलीबारी के बाद आतंकी पाकिस्तानी सेना के चाैकियन के तरफ भाग निकललें सs।

साभार: अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]