[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर डीएम के आदेश, ठंड में कौनहूँ हाल में सड़क अउर फुटपाथ पर न सुत्तें गरीब-निराश्रित लोग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

डीएम कृष्णा करुणेश कहनें कि ठंड के एह मौसम में गरीब-मजदूर कौनहूँ सूरत में फुटपाथ पर नाइ सुतिहें। रैन बसेरा में उनकर बेवस्था कइल जाई। एके हाल में सुनिश्चित करावल जाई। एकरे खातिर अधिकारियन के जिम्मेदारी सौंप दिहल गइल बा।

ऊ अधिकारियन के निर्देश दिहलें कि रैन बसेरा के नियमित जांच कइल जाय। ई मालूम कइल जाव कि उहां के व्यवस्था कइसन बा। अधिकारी अपने-अपने क्षेत्र में भ्रमण करत रहें। जहां भी कौनो निराश्रित व्यक्ति फुटपाथ पर सूतल मिले त उनके नजदीक के रैन बसेरा में पहुंचावें।

एकरे खातिर ऊ नगर मजिस्ट्रेट के शाहपुर अउर बशारतपुर स्थित रैन बसेरा के निरीक्षण के जिम्मेदारी दिहले बानें। अपर नगर मजिस्ट्रेट प्रथम के गोरखनाथ स्थित झूलेलाल मंदिर के निकट के दूनों रैन बसेरन के निगरानी के जिम्मेदारी सौंपल गइल बा।

मोहरीपुर स्थित रैन बसेरा के निरीक्षण के जिम्मेदारी तहसीलदार सदर अउर रेलवे स्टेशन के सोझे के रैन बसेरा के एडीएम सदर के सौंपले बानें। धर्मशाला स्थित रैन बसेरा के जांच के जिम्मेदारी सहायक मजिस्ट्रेट अउर कचहरी बस स्टेशन के निकट के रैन बसेरा के जिम्मेदारी परियोजना निदेशक डूडा सम्हरिहें।

ठंड से बचावे खातिर कंबल खरीदे के टेंडर जारी

गरीबन अउर निराश्रितन के ठंड से बचावे खातिर उत्तर प्रदेश शासन कंबल बांटे खातिर गोरखपुर जिला के 35 लाख रुपया पहिलही जारी कs दिहले बानें। जिला आपदा प्रबंध प्राधिकरण द्वारा शासन से मिलल 35 लाख रुपया के कंबल खरीदे खातिर टेंडर जारी कs दिहल गइल बा। विभाग के मुताबिक जिला के सब 7 तहसील में कंबल वितरित करावल जाई। कंबल बांटे के जिम्मेदारी तहसील प्रशासन सम्हरिहें।

तहसील प्रशासन अब चौराहा पर जरवइहें अलाव

शासन कड़ाका के ठंड में शहर-कस्बा के प्रमुख चौराहन पs अलाव जरववलें के निर्देश दिहले बानें। एकरे खातिर शासन गोरखपुर जिला के 3.50 लाख रुपयो भेज दिहले बानें। जिला आपदा प्रबंध प्राधिकरण द्वारा जिला के सब 7 तहसीलन के अलाव जरावे खातिर 50-50 हजार रुपया दे दिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]