[the_ad_group id="30365"]

Messi फैंस हो जाव लो तइयार, Redmi के नया फोन लॉन्च, 120W चार्जिंग 200MP कैमरा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Redmi के ओर से Remdi Note 13 Pro Plus King Edition लॉन्च कइल गइल बा। जेमे लियोनन मेसी के 10 नंबर दर्जी के डिजाइन बा। फोन में ट्रिपल रियर कैमरा, आठ मेगापिक्सल अल्ट्रा-वाइड कैमरा आ दुगो मेगापिक्सल मैक्रो सेंसर बा।

जदि रउआ फुटबॉल देखल पसंद करत बा आ अर्जेंटीना राउर पसंदीदा टीम बा तs रउआ खातिर Redmi खास स्मार्टफोन लॉन्च कइले बा। एह Remdi Note 13 Pro Plus के King Editon स्मार्टफोन बा। एह स्मार्टफोन के डिजाइन बहुते खास बा, काहेकि एकरा रियर में रउआ लियोनन मेसी के 10 नंबर दर्जी के डिजाइन मिली। संगही कइयन गो आउर डिजाइन में फोन आई। एकरा अलावे फोन में 200MP कैमरा आ 120W फास्ट चार्जिंग सपोर्ट दिहल जाई।

कीमत आ उपलब्धता

Redmi Note 13 Pro plus King Edition के सिंगल 12 जीबी रैम आ 512 जीबी स्टोरेज ऑप्शन में लॉन्च कइल गइल बा। फोन के स्पेशल लॉन्च प्राइस में मात्र 34,999 रुपिया में किनल जा सकी। फोन के खरीद पs ICICI बैंक कार्ड के ओर से 3000 रुपिया इंस्टैंट डिस्काउंट दिहल जा रहल बा। संगही तीन हजार रुपिया के एक्सचेंज ऑफर दिहल जा रहल बा। फोन के अमेजन आ फ्लिपकार्ट ई-कॉमर्स साइट के संगही mi.com आ रिटेल स्टोर से किनल जा सकी। फोन के बिक्री 15 मई से सुरू होई।

स्पेसिफिकेशन्स

जदि फीचर्स के बात करीं, तs फोन में रउआ के 200MP के दमदार कैमरा सेंसर दिहल जाई। संगही 120W फास्ट चार्जिंग सपोर्ट मिली। फोन 1.5 क्रिस्टल रेजोल्यूशन एमोलेड डिस्प्ले के संगे आई। फोन में रउआ मीडियाटेक डायमेंसिटी 7200 अल्ट्रा 5G चिपसेट दिहल गइल बा।

आउर फीचर्स के बात करीं, तs फोन में 6.67 इंच के डिस्प्ले दिहल जाई। फोन में 120Hz AMOLED डिस्प्ले दिहल जाई। फोन में ट्रिपल रियर कैमरा दिहल गइल बा। एकर मेन कैमरा 200MP के होई। एकरा अलावे आठ मेगापिक्सल अल्ट्रा-वाइड कैमरा आ दु मेगापिक्सल मैक्रो सेंसर दिहल जाई। फोन के फ्रंट में 16 मेगापिक्सल कैमरा सेंसर दिहल जाई। फोन में 5000mAh के बड़ बैटरी दिहल जाई। एमे IP68 रेटिंग दिहल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]