[the_ad_group id="30365"]

CG Naxalite Encounter: नारायणपुर में सुरक्षाबलन के बड़ एक्शन, कई गो नक्सली ढेर; मुठभेड़ जारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

CG Naxalite Encounter: छत्तीसगढ़ के नारायणपुर जिला में सुरक्षाबल मुठभेड़ में अबले सात नक्सलि‍यन के ढेर कइलस। मुठभेड़ के जानकारी साझा करत घरी एगो पुलिस अधिकारी बतवले कि जिला रिजर्व गार्ड (डीआरजी) आ स्पेशल टास्क फोर्स (एसटीएफ) के एगो संयुक्त सुरक्षा टीम ऑपरेशन में शामिल रहे। नारायणपुर-कांकेर सीमा क्षेत्र के अबूझमाड़ में आज भोरही से डीआरजी आ एसटीएफ के जवानन आ नक्सलियन के बीचे मुठभेड़ चल रहल बा।

नारायणपुर (छत्‍तीसगढ़)। छत्तीसगढ़ के नारायणपुर जिला में सुरक्षाबल मुठभेड़ में सात नक्सलि‍यन के ढेर कऽ देलस, जबकि कई गो नक्‍सली घायल हो गइले। उहे, मुठभेड़ अबही जारी बा।

मुठभेड़ के जानकारी साझा करत घरी एगो पुलिस अधिकारी  बतवले कि जिला रिजर्व गार्ड (डीआरजी) आ स्पेशल टास्क फोर्स (एसटीएफ) के एगो संयुक्त सुरक्षा टीम ऑपरेशन में शामिल रहे।

अधिकारी एएनआई के बतवले,

नारायणपुर-कांकेर सीमा क्षेत्र के अबूझमाड़ में आज भोरही से डीआरजी आ एसटीएफ के जवानन आ नक्सलियन के बीच मुठभेड़ चल रहल बा। हम पुष्टि कर सकत बानी कि नारायणपुर जिला में बलन के साथे चल रहल ऑपरेशन में कई गो नक्सलीयन के मारल गइल बा आ कई गो घायल भइल बाड़े। उहे, सुरक्षाबल के सब जवान लो सुरक्षित बा।

एकरा से पहिले 5 अप्रैल के छत्तीसगढ़ के दंतेवाड़ा में सुरक्षाबल के साथे मुठभेड़ में एगो नक्सली मारल गइल रहे। एगो अधिकारी बतवले कि किरंदुल पुलिस थाना के सीमा के एगो जंगल में जिला रिजर्व गार्ड (डीआरजी), बस्तर फाइटर्स आ केंद्रीय रिजर्व पुलिस बल (सीआरपीएफ) के जवान नक्सल विरोधी अभियान पs निकलल रहले। एही दौरान दुनु ओर से गोलीबारी भइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]