[the_ad_group id="30365"]

कानपुर पहुंचलें सीएम योगी, भाजपाई कार्यकर्ता लोग कइल जोरदार स्वागत, 387.59 करोड़ के दीहे सौगात

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

वीएसएसडी कॉलेज में आयोजित प्रबुद्धजन सम्मेलन में हिस्सा लेवे खातिर मुख्यमंत्री सीएम योगी कानपुर पहुंचल बानें। सीएसए स्थित हेलीपैड पर भाजपाई लोग उनकर जोरदार स्वागत कइलें। एह दौरान मुख्यमंत्री सांसद सत्यदेव पचौरी, देवेंद्र सिंह भोले, विधायक नीलिमा कटिहार, प्रतिभा शुक्ला आदि से शहर के हालचाल पुछलें।

एकरे बाद चंद्रशेखर आजाद प्रतिमा के नमन कइलें। फिर ऊ दुसरे कार्यकर्ता लोग के ओर बढ़लें अउर सब से मुलाकात कइलें। हेलीपैड पs करीब 40 कार्यकर्ता लोग मुख्यमंत्री के स्वागत कइल। बता देईं कि निकाय चुनाव से पहिले सीएम योगी के दौरा महत्वपूर्ण मानल जा रहल बा।

अपने कानपुर आगमन के दौरान दू घंटा के निर्धारित कार्यक्रम में सीएम 387.59 करोड़ के विकास काम के सौगात दीहें। पालिका स्टेडियम में बनल स्पोर्ट्स कॉम्प्लेक्स, कारगिल पार्क में बोटिंग समेत 174.12 करोड़ के डेढ़ सौ परियोजना के लोकार्पण करिहें। एकरे अलावा 213.47 करोड़ के 122 परियोजना के शिलान्यासो होई।

वीएसएसडी कॉलेज में आयोजित समारोह के दौरान मुख्यमंत्री स्मार्ट सिटी, मेट्रो सहित विभिन्न विभाग के स्टॉल के जायजा लीहें। सीएम अपने संबोधन से पहिले ग्लोबल इंवेस्टर्स समिट के वीडियो भी लॉन्च करी। एकरे बाद कानपुर स्मार्ट सिटी के कॉफी टेबल बुक के भी विमोचन करिहें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]