Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

यूपी के एह सीट प पकड़ाइल 53 गो फर्जी मतदाता, हड़कंप मच गइल, पुलिस गिरफ्तार

589

लोकसभा चुनाव : उत्तर प्रदेश के बुलंदशहर में फर्जी मतदाता पकड़ला के बाद प्रशासन में हलचल मच गइल। इहाँ सिर्फ एक-दुगो ना, 53 लोग के पुलिस हिरासत में लेले बा आ फर्जी मतदाता होखे के शक में गिरफ्तार क लिहल गइल बा। ओह लोग से पूछताछ कइल जा रहल बा ।

बुलंदशहर। यूपी के बुलंदशहर से एगो बड़ खबर सामने आ रहल बा। मतदान बूथ प आपन वोट डाले आइल लोग में 53 गो फर्जी मतदाता पकड़ाइल बा। एहसे प्रशासन में हलचल मच गइल। पुलिस सबके गिरफ्तार क लेले बिया। इहाँ सिर्फ एक-दुगो ना, 53 लोग के पुलिस हिरासत में लेले बिया आ फर्जी मतदाता होखे के शक में गिरफ्तार क लिहल गइल बा। ओह लोग से पूछताछ कइल जा रहल बा।

उत्तर प्रदेश में दुसरका चरण के लोकसभा चुनाव खातिर शुक के दिने मतदान करावल गइल । एहमें बुलंदशहर के थाना गुलावती आ थाना सयाना इलाका में 53 गो फर्जी मतदाता पकड़ाइल बा । जानकारी के मुताबिक आरोपी फर्जी आधार कार्ड आ फर्जी मतदाता आईडी कार्ड लेके मतदान केंद्र प पहुंचल रहे। जांच के दौरान जब ओह लोग के कागजात फर्जी पावल गइल त पुलिस तुरंत ओह लोग के हिरासत में ले लेलस। पूरा पूछताछ हो रहल बा।

उत्तर प्रदेश के 8 सीट प लोकसभा चुनाव के दूसरा चरण में मतदान चलता। एह दौरान अमरोहा, मेरठ, बागपत, गाजियाबाद, गौतम बुद्ध नगर, बुलंदशहर, अलीगढ़ आ मथुरा में सबेरे 7 बजे से मतदान शुरू हो गइल । जवन शाम 5 बजे तक चले वाला बा। अब बुलंदशहर सीट प फर्जी मतदाता फंसला का चलते प्रशासन में हलचल मच गइल बा ।

यूपी के बुलंदशहर में भाजपा सांसद रहल भोला सिंह के आपन उम्मीदवार बना दिहले बिया । जबकि सपा बसपा भोला सिंह का सोझा नया चेहरा पर आपन दांव लगा दिहले बिया । सपा शिवराम वाल्मीकि के टिकट देले बाड़े। बसपा गिरीश चंद्र जाटव प आपन दांव लगा दिहले बिया । अइसने में इहाँ कड़ा चुनावी मुकाबला होखे वाला बा।

804500cookie-checkयूपी के एह सीट प पकड़ाइल 53 गो फर्जी मतदाता, हड़कंप मच गइल, पुलिस गिरफ्तार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.