[the_ad_group id="30365"]

Lucknow: कोर्ट लेके जा रहलऽ महिला कैदियन के गाड़ी में लागल आग, कैदी आ पुलिसकर्मी लो कूद के बचवलस जान 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Lucknow: राजधानी लखनऊ के हजरतगंज में राजभवन गेट नंबर 14 के नियरे सोमार में जिला जेल से महिला कैदियन के कोर्ट ले जा रहल गाड़ी में अचानक आग लाग गइल। हादसे के कारण उहाँ अफरातफरी मच गइल।

आननफानन गाड़ी में बइठल नौ गो महिला कैदी आ 14 पुलिसकर्मी सहित 23 लोग कूद के आपन जान बचवलस। लोगन के सूचना पs मौका पs पहुंचल दमकल कर्मी दो गो गाड़ी से आधे घंटा के मशक्कत के बाद आग पऽ काबू पावल गइल।

राजभवन गेट नंबर 14 के लगे दोपहर 12 बजे कैदियन के लेके जा रहल पुलिस गाड़ी के इंजन से धुआं निकले लागल। देखते – देखत गाड़ी से आग के तेज लपट उठे लागल। आग देख लोग चिलाए लागल। आननफानन में चालक गाड़ी सड़क किनारे लगवले।

एकरा बाद महिला कैदी आ पुलिसकर्मी सहित 23 लोग गाड़ी से कूद के जान बचवलस। एफएसओ हजरतगंज राम कुमार रावत के मोताबिक आग से कवनो हताहत नइखे भइल। आग पs आधा घंटा में काबू पा लिहल गइल। हालांकि, तबले पुलिस गाड़ी काफी हद ले जर गइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]