[the_ad_group id="30365"]

Kejriwal Arrest: जमानत खातिर कवनो अर्जी काहे ना देलऽ ? सुप्रीम कोर्ट केजरीवाल के वकील सिंघवी से पूछलस तीत सवाल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Kejriwal Arrest: सुप्रीम कोर्ट दिल्ली के सीएम अरविंद केजरीवाल से पूछलस कि उऽ ट्रायल कोर्ट में जमानत याचिका काहे ना डलले ? एपर केजरीवाल के वकील कहले कि कई गो कारण बा जवना में केजरीवाल के गिरफ्तारी अवैधो शामिल बा। मामला में सुनवाई चल रहल बा। बता दी कि ईडी 21 मार्च के केजरीवाल के गिरफ्तार कइले रहे। मुख्यमंत्री फिलहाल न्यायिक हिरासत के तहत इहाँ तिहाड़ जेल में बंद बाड़न।

कथित उत्पाद शुल्क नीति घोटाले से जुड़ल मनी-लॉन्ड्रिंग मामला में गिरफ्तार दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के वकील से सुप्रीम कोर्ट सवाल पूछले बा। सोमार के शीर्ष अदालत सीएम के वकील अभिषेक सिंघवी से पूछलऽ गइल कि उऽ ट्रायल कोर्ट के सामने जमानत याचिका काहे ना दायर कइले ?

दरअसल, न्यायमूर्ति संजीव खन्ना आ  न्यायमूर्ति दीपांकर दत्ता के पीठ प्रवर्तन निदेशालय (ईडी) द्वारा उनका गिरफ्तारी के चुनौती देवे वाला आम आदमी पार्टी (आप) नेता के याचिका पs सुनवाई करत रहे।

21 मार्च के भइल रहले अरेस्ट

बता दी कि दिल्ली उच्च न्यायालय केजरीवाल के संघीय धन शोधन रोधी एजेंसी द्वारा दंडात्मक कार्रवाई से सुरक्षा देवे से इनकार कऽ देले रहे। एकरा बाद बाद ईडी 21 मार्च के केजरीवाल के गिरफ्तार कऽ लेले रहे। मुख्यमंत्री फिलहाल न्यायिक हिरासत के तहत इहाँ तिहाड़ जेल में बंद बाड़न।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]