[the_ad_group id="30365"]

डीडीयू : परास्नातक पाठ्यक्रमन में प्रवेश खातीर शुरू होई आवेदन, 26 मई ले भरल जाई आवेदन फॉर्म

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के स्नातकोत्तर पाठ्यक्रम में दाखिला खातिर आवेदन प्रक्रिया सोमार से शुरू हो गइल. 45 गो मास्टर्स कोर्स खातिर उपलब्ध 4131 सीट खातिर 26 मई ले आवेदन कइल जाई.

एह आवेदन के माध्यम से विद्यार्थियन के तीन गो कॉलेज के कुछ कोर्स में दाखिला लेबे के मौका भी मिली। आवेदन पत्र आ प्रवेश विवरणिका विश्वविद्यालय के प्रवेश पोर्टल www.ddaguadmission.in पs उपलब्ध बा.

ऑनलाइन आवेदन प्रक्रिया के उद्घाटन करत कुलपति प्रो. पूनम टंडन बतवली कि प्रवेश प्रक्रिया में अबकी बेर अभ्यर्थियन के आवेदन से जुड़ल विवरण देबे आ फार्म भरे में बेसी से बेसी सहजता देबे पs जोर दिहल गइल बा.

एह दौरान रजिस्ट्रार प्रो. शांतनु रस्तोगी, वित्त अधिकारी एसपी सिंह, परीक्षा नियंत्रक डॉ. कुलदीप सिंह, प्रवेश प्रकोष्ठ के निदेशक प्रो. हर्ष सिन्हा समेत प्रवेश प्रकोष्ठ के सदस्य मौजूद रहले।

पीजी पाठ्यक्रम में उपलब्ध सीट

एमए – 1876

एमएससी – 857

एमकॉम – 150

एमबीए – 150

एमएससी कृषि – 199

पीजी डिप्लोमा – 204

एलएलबी – 374

एलएलएम – 36

बीपीएड – 220

एमएड – 165

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]