[the_ad_group id="30365"]

डेंगू के प्रकोप: यूपी सरकार केंद्र के चिट्ठी लिख के मांग कइलस 55 हजार लीटर मिट्टी के तेल, छिड़काव खातिर बा जरूरी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

डेंगू के बढ़त प्रकोप के देखत राशन के दुकान पर केरोसिन वितरण के मांग तेजी से उठ रहल बा। उधर खाद्य अउर रसद विभाग कहले बा कि उनके लग्गे खाली बचल अउर रिजर्व में रखल स्टॉक ही बा। एही पर प्रदेश सरकार केंद्र सरकार से 55 हजार लीटर मिट्टी के तेल मंगले बा।

एही समय मच्छर जनित बीमारियन के प्रकोप बढ़ रहल बा। खास तौर पर डेंगू अउर मलेरिया से लोग परेशान बानें। अइसे में लोग के मच्छर अउर ओकर लार्वा मारे के सलाह दीहल जा रहल बा। स्वास्थ्य विभाग भी कह रहल बा कि अगर घर के आसपास जहां भी पानी जमा देखीं उहां केरोसिन यानी मिट्टी के तेल छिड़क देईं।

एह मौसम में कूलर के इस्तेमाल से भी बचे के चाहीं। केरोसिन मच्छर अउर एकर लार्वा दूनों के ही मार देला। चूंकि अब राशन के दुकानन पर मिट्टी के तेल मिलल बंद हो गइल बा त लोग मांग कs रहल बा कि एकर वितरण फिर से शुरू कइल जाय।

ओंने राशन विक्रेता भी एह बाबत दिल्ली ले जा के मांग कs चुकल बानें। उनकर कहनाम बा कि एह सीजन में मिट्टी के तेल बंटे के चाहीं। केंद्र सरकार के एकर मंजूरी देत कोटा जारी करे के चाहीं। ओंने, खाद्य अउर रसद विभाग रिजर्व में रखल केरोसिन के बेचे के तैयारी कs रहल बा। साल 2021 के बचल केरोसिन भी कुछ जिला में ही रखल बा। एके भी बेचल जाई लेकिन खाली मलेरिया विभाग के। उहो व्यावसायिक दर पर। अइसे में आम लोग के एकर कौनो खास लाभ होखे वाला नाइ बा।

मलेरिया विभाग एमें पैराथम मिला के छिड़काव करsला। अब खाद्य अउर रसद विभाग के विशेष सचिव दिव्य प्रकाश पेट्रोलियम अउर गैस मंत्रालय के चिट्ठी लिखके 55 हजार लीटर मिट्टी के तेल उपलब्ध करावे के कहले बानें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]