[the_ad_group id="30365"]

बिना ड्राइवर 78 किमी. दउड़ल मालगाड़ी: ड्राइवर स्टार्ट कs के हैंडब्रेक लगावल भूलाइल, जम्मू से पंजाब पहुंचल ट्रेन, लकड़ी के स्टॉपर लगाके रोकल गइल 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जम्मू-कश्मीर के कठुआ से मालगाड़ी (14806R) बिना ड्राइवर-गार्ड के चल के पंजाब पहुंच गइल। करीब 78 किलोमीटर तक मालगाड़ी अइसही दउड़त रहल। होशियारपुर के ऊंची बस्सी रेलवे स्टेशन पs लकड़ी के स्टॉपर लगाके ओकरा के रोकल गइल। घटना के बाद रेल मंत्री अश्विनी वैष्णव जांच के आदेस देले बाड़ें।

कठुआ रेलवे स्टेशन पs ड्राइवर मालगाड़ी के इंजन स्टार्ट कs के बिना हैंड ब्रेक लगवले नीचे उतर गइल रहे। पठानकोट के तरफ ढलान होखे के वजह से मालगाड़ी चल पड़ल।

रेलवे के अधिकारियन के मालगाड़ी के चले के पता चलल तs ओकरा के कठुआ रेलवे स्टेशन पs रोके के कोसिस कइल गइल, बाकिर ऊ सफल ना भइल। कुछ देर में मालगाड़ी रफ्तार पकड़ लेलस। देखते देखत मालगाड़ी के रफ्तार 80/KM प्रति घंटा तक पहुंच गइल

कइयन स्टेशनन पs रोके के कोसिस कइल गइल

कठुआ रेलवे स्टेशन के अधिकारी तुरंत पंजाब के पठानकोट में सुजानपुर रेलवे स्टेशन के रेलवे अधिकारियन से संपर्क कइल लो। उहवों ट्रेन के रोके के कोसिस कइल गइल। रेलवे लाइन पs स्टॉपर लगावल गइल। अबकियो बेर कोसिस विफल रहल आ मालगाड़ी स्टेशन क्रॉस कs गइल। एकरा बाद मालगाड़ी के पठानकोट कैंट, कंडरोड़ी, मीरथल, बंगला आ मुकेरियां में रोके के कोसिस कइल गइल।

धीरे-धीरे मालगाड़ी के रफ्तार कम होत चल गइल। आखिर में होशियारपुर के ऊंची बस्सी रेलवे स्टेशन पs लगावल गइल लकड़ी के स्टॉपर से मालगाड़ी रुक गइल।

रेलवे ट्रैफिक मैनेजर बोलले- जांच सुरू 

जम्मू रेलवे डिवीजन ट्रैफिक मैनेजर बतवलें कि घटना के कारण जाने के कोसिस कइल जा रहल बा। भविष्य में एह तरे के घटनन के रोके खातिर कवनो संभावित सुरक्षा चूक के पहचान करे खातिर ममिला के जांच सुरू कs दिहल गइल बा। अधिकारी अइसन घटनन से बचे खातिर सख्त सुरक्षा प्रोटोकॉल लागू करे, नियमित रखरखाव जांच आ उचित ट्रेन ब्रेक आ सिग्नलिंग सिस्टम सुनिश्चित करे जइसन एहतियाती कदम उठा रहल बा लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]