[the_ad_group id="30365"]

पीएम मोदी मरले आस्था के डुबकी, समुद्र के अंदर द्वारका नगरी में भगवान कृष्ण के कइले नमन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

PM Modi Scuba Diving: पीएम मोदी द्वारकाधीश के दर्शन के बाद नौसेना के जवाननऽ के संगे स्कूबा डाइव करे पहुंचले।

 

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी गुजरात के दउरा पs बाड़न। इहवां उऽ आज समुद्र के भीतर पानी में डुबकी लगsवले। मोदी ओह स्थान पs गइले जहवां जलमग्न द्वारका शहर बा। इहवां उऽ भगवान श्रीकृष्ण के नमन कइले। डुबकी लगावे से पहीले मोदी के कमर पs मोर के पंख बंधलऽ रहे।

 

पीएम मोदी एह दउऽरान के Photos अपना आधिकारिक एक्स हैंडल से पोस्ट कइले आ उऽ भगवान श्रीकृष्ण के नगरी के भव्यता आ समृद्धि के याद करत लिखले- “पानी में डूबलऽ द्वारिका नगरी में प्रार्थना कइलऽ बहुते दिव्य अनुभव रहलऽ। हमरा आध्यात्मिक वैभव आ शाश्वत भक्ति के एगो प्राचीन युग से जुड़ाव महसूस होखेला। भगवान श्री कृष्ण हमनी सब के आशीर्वाद दी।”

बता दि कि पीएम मोदी द्वारका के लगे अरब सागर में नौसेना के जवान के संगे स्कूबा डाइविंग की। पीएम मोदी गोमती घाट पs स्थित सुदामा सेतु पारकर पंचकुई बीच इलाके में पहुंचलऽ रहलन आ उहवाँ से तकरीबन 2 नॉटिकल मील दूर समुद्र में डुबकी लगवले  ।

द्वारका धार्मिक नगरी हऽ, बाकी अब इ पर्यटन के क्षत्रो में नाम कमा रहलऽ बा। द्वारका के तट पs स्कूबा डाइव पर्यटकनऽ खातिर आकर्षण के केंद्र होई। एकर शुरुआत आज नरेंद्र मोदी करऽ देला।

एकरा पहीले प्रधानमंत्री मोदी साल के शुरुआत में लक्षद्वीप में जाके समुद्र में डुबकी लगवले। हालांकि तब उऽ स्नॉर्कलिंग कइले रहलन, बाकी एह बार उऽ स्कूबा डाइविंग कइले बाड़न।

पीएम मोदी द्वारका मंदिर में पूजा अर्चना कइले। जेकरे बाद उऽ ओखा के बेयट द्वारका द्वीप से जोड़े वाला ‘सुदर्शन सेतु’ के अनावरण कइले।

इ पुल करीब 980 करोड़ रोपया के लागत से बनलऽ बा आ इ 2.32 किलोमीटर लंबा देश के सबसे बड़ केबल ब्रिज बा

पुल के दुनों तरफ श्रीमद्भगवद गीता के श्लोक आ भगवान कृष्ण के छवियों से सुसज्जित एगो पैदलपथो बनावल गइलऽ रहे।

एह पुल के पहिले ‘सिग्नेचर ब्रिज’ के नाम से जानलऽ जात रहे । बाद में एकर नाम बदलकर ‘सुदर्शन सेतु’ कर देवलऽ गइलऽ।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]