पूर्व CM शिवराज सिंह चौहान के सुरक्षा में चूक, मंच पs शख्स कइलस माइक छीने के कोशिश

By Anurag Ranjan

Published on: May 5, 2024

  मध्य प्रदेश के पूर्व मुख्यमंत्री अवुरी भारतीय जनता पार्टी के नेता शिवराज सिंह चौहान के सुरक्षा में चूक के एगो बड़ मामिला सोझा आईल बा। असल में शिवराज सिंह चौहान एगो जनसभा के दौरान

Share

 

मध्य प्रदेश के पूर्व मुख्यमंत्री अवुरी भारतीय जनता पार्टी के नेता शिवराज सिंह चौहान के सुरक्षा में चूक के एगो बड़ मामिला सोझा आईल बा। असल में शिवराज सिंह चौहान एगो जनसभा के दौरान जनता के संबोधित करत रहले। एही बीच अचानक एगो आदमी मंच पs चढ़ गईल। मंच पs मौजूद लोग में से व्यक्ति शिवराज सिंह चौहान के पास पहुंचल। केहू के कुछ समझे से पहिले उs शिवराज सिंह चौहान के माइक छीने के कोशिश कइल स। हालांकि मंच पs मौजूद एगो कार्यकर्ता एs आदमी के पकड़ लेलस। एकरा बाद उनुका के मंच से दूर लेगईल गइल.

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.