Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

अमेरिका में एगो नर्स के मिलल 780 साल के सजा, जानीं का बा मामिला

221

 

अमेरिका के पेंसिल्वेनिया से एगो बहुते हैरान करे वाला आ दिल दहला देबे वाला घटना सामने आइल बा. हीदर प्रेसडी नाम के 41 साल के नर्स के हत्या के 19 मामिला में दोषी पावल गईल अवुरी उनुका के उम्रकैद के सजा सुनावल गईल। एगो नर्स अमेरिका में 3 साल ले आपन बहुत मरीज के इंसुलिन के ओवरडोज देके मारे के कोशिश कईले रहल, जवना में से बहुत मरीज के मउत भी हो गईल रहे। एs मामिला में नर्स के कोर्ट के ओर से 380 से 760 साल के उम्रकैद के सजा सुनावल गईल बा।

इंसुलिन के ओवरडोज देकर लीहलस जान

नर्स पs पछिला साल मई के शुरुआत में दु मरीज के हत्या के आरोप रहे अवुरी ओकरा बाद पुलिस जांच में उनुका पs अवुरी आरोप के खुलासा भईल।

संगही, डायबिटीज के मरीज के इंसुलिन भी देले, जेकरा डायबिटीज ना रहे। मरेवाला के उमिर 43 से 104 साल रहे।

मरीज के नुकसान पहुंचावे के बारे में महतारी से साझा कईले रहले. प्रेसडी अपना मरीजन से आपन नफरत आ ओह लोग के नुकसान चहुँपावे के चाहत अपना महतारी से बतवले रहले. एगो टेक्स्ट में नर्स रेस्टोरेंट में मिलल लोग के अच्छा व्यवहार ना होखल अवुरी नफरत करेवाला होखे के बारे में भी बतवली, अवुरी कहली कि उ ओ लोग के नुकसान पहुंचावल चाहतारी.

खुद अपराध के कबूल कईले

कोर्ट के सोझा अपना वकील से बहस करत नर्स प्रेसडी खुद आपन अपराध कबूल कईली अवुरी जब एगो वकील से पूछलस कि उs काहें कबूल कईली तs प्रेसडी जवाब देली कि ‘काहे कि हम दोषी बानी’।

 

 

814590cookie-checkअमेरिका में एगो नर्स के मिलल 780 साल के सजा, जानीं का बा मामिला

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.