[the_ad_group id="30365"]

अवैध वसूली के आरोप में दुगो पुलिस कर्मी निलंबित : रिश्वत मांगे के ऑडियो भइल रहे वायरल, SP कार्रवाई के देले आदेस 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सारण पुलिस भ्रष्टाचार में संलिप्त पुलिसकर्मियन पs लगातार कार्रवाई कs रहल बिया। एही क्रम में जांच के दौरान घुस के आरोप के सही पावत दुगो पुलिसकर्मियन के निलंबित करत विभागीय कार्रवाई सुरू कs दिहल गइल बा। ई जानकारी एसपी गौरव मंगला प्रेस रिलीज जारी करत देलें।

निलंबित कइल जाए वाला पुलिसकर्मी भगवान बाजार थाना में पदस्थापित एएसआई ऋषिमुनि राम आ डेरनी थाना में पदस्थापित एसआई छत्तीस प्रसाद सिंह हs लो। दुनो लोगन के घुस के मांग के ऑडियो वायरल भइल रहे। जवना के अनुसंधान इकाई के जांच में सही पावल गइल।

दुनो पुलिसकर्मियन के कइल गइल निलंबित

एसपी तत्काल प्रभाव से निलंबित कs देलें। एकरा के पुलिस विभाग में बड़ कार्रवाई मानल जा रहल बा। एक संगे दुगो पुलिस पदाधिकारियन पs कार्रवाई से पुलिस विभाग में हड़कंप मचल बा। सारण एसपी गौरव मंगला प्रेस रिलीज़ जारी करत जानकारी देलें कि भगवानबाजार थाना के अनुसंधानकर्ता स०अ०नि० ऋषिमुनी राम के खिलाफ एगो ऑडियो क्लिप प्राप्त भइल रहे।

एमे एगो कांड में एगो व्यक्ति के नाम निकाले खातिर ओकरा से 25000 रूपिया के मांग कइल जात रहे। ऑडियो क्लिप के प्रारंभिक जांच के बाद आरोप पहिला नजर में सही प्रतीत भइल। ममिला में संलिप्तता पावत स०अ०नि० ऋषिमुनी राम, भगवानबाजार थाना के तत्काल प्रभाव से निलंबित कइल गइल बा आ सुसंगत धारा में प्राथमिकी दर्ज कइल जा रहल बा।

ओहिजा दूसरका ममिला डेरनी थाना के हs। डेरनी थाना के अनुसंधानकर्ता पु०अ०नि० छतीश प्रसाद सिंह के विरूद्ध एगो ऑडियो क्लिप प्राप्त भइल, जेमे एगो कांड के अभियुक्त के लाभ पहुंचावे के उद्देश्य से अनुसंधानकर्ता कावर से कवनो व्यक्ति से शराब आ चिकेन आ आउर लाभ के मांग कइल जा रहल बा।

ऑडियो क्लीप के प्रारंभिक जांच के बाद आरोप पहिला नजर में सही प्रतीत होखला के आलोक में पु०अ०नि० छतीश प्रसाद सिंह, डेरनी थाना के तत्काल प्रभाव से निलंबित कइल गइल बा आ सुसंगत धारा में प्राथमिकी दर्ज कइल जा रहल बा।

अवैध वसूली करे वालन पs होई कार्रवाई

एसपी गौरव मंगला आमलोगन से अनुरोध कइले कि कवनो पुलिस कर्मी कावर से अवैध वसूली, रिश्वतखोरी आदि के Audio/Video साक्ष्य उपलब्ध होखला पs सीधा पुलिस अधीक्षक, सारण के मो. नं. -9431822989 पs प्रेषित कइल जा सकत बा। सीधा प्रेषित करे पs पहचान 100 प्रतिशत गोपनीय रखल जाई आ जनता के प्रताड़ित कs रहल पुलिसकर्मी पs कठोर कार्रवाई कइल जाई। जनता से अपील बा कि अइसन पुलिस कर्मियन के जवाबदेही तय करे में जादे से जादे सहजोग करीं।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]