[the_ad_group id="30365"]

तालिबान रोकलस ‘वॉयस ऑफ अमेरिका’ के प्रसारण, पत्रकारिता के सिद्धांत के उल्लंघन के लगवलस आरोप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

तालिबान बियफे अमेरिकी सरकार के आधिकारिक प्रसारण सेवा ‘वॉयस ऑफ अमेरिका’ (VOA) अउर रेडियो फ्री यूरोप/रेडियो लिबर्टी के एफएम रेडियो के प्रसारण पर रोक लगा दिहलस। तालिबान द्वारा प्रसारण रोकले के पीछे के वजह पत्रकारिता के सिद्धांत के पालन न कइल बतावल जा रहल बा।

बता देईं कि वॉयस ऑफ अमेरिका (Voice of America) अउर आरएफई अमेरिकी सरकार द्वारा वित्त पोषित बा। हालांकि, ऊ संपादकीय स्वतंत्रता के दावा करेने।अफगानिस्तान में सूचना अउर संस्कृति मंत्रालय खातिर प्रसारण के देखरेख करे वाले अब्दुल हक हम्माद ट्विटर पर जानकारी देत लिखलें कि अमेरिकी कब्जा के बाद प्रसारण शुरू करे वाले रेडियो लिबर्टी (आरएल) के पत्रकारिता के नियम के पालन न कइले के चलते 13 प्रांत में बंद कs दिहल गइल बा।

वॉइस ऑफ अमेरिका पs प्रतिबंध एक दिसंबर से भइल प्रभावी

एही बीच, VOA के अधिकारी पुष्टि करत बतवलें कि अफगान सूचना अउर संस्कृति मंत्रालय के एगो नयका निर्देश VOA के प्रसारण पs प्रतिबंध लगा दिहले बानें, जौन एक दिसंबर से प्रभावी बा। वॉइस ऑफ अमेरिका टेलीविजन कार्यक्रम, जेके आशना टीवी के नाम से जानल जाला, जौन पहिले टोलो टीवी, टोलोन्यूज अउर लैमर टीवी चैनल पर प्रसारित कइल गइल रहे, एह साल 27 मार्च के अफगानिस्तान में अधिकारियन द्वारा निलंबित कs दिहल गइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]