[the_ad_group id="30365"]

‘वंदे भारत ट्रेन’ पs चलावल गइल पत्थर: E-1 कोच के शीशा टूटल; लखनऊ से गोरखपुर आ रहल ट्रेन पs डोमिनगढ़ स्टेशन के लगे भइल हमला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर: गोरखपुर-लखनऊ वाया अयोध्या खातिर सुरू भइल सेमी हाईस्पीड ‘वंदे भारत ट्रेन’ पs पत्थर चलावे के बात सामने आइल बा। सोमार के रात 11:00 बजे के लगभग डोमिनगढ़ स्टेशन के लगे लखनऊ से गोरखपुर आ रहल 22550 नंबर के ट्रेन पs अराजकतत्व फेर से पत्थर फेंकके मरलें सs। एकरा से शीशा टूट गइल। पत्थर लगला से एग्जीक्यूटिव कोच ई वन (ईसी) के सीट नंबर-13 आ 14 के लगे वाला शीशा टूट गइल। यात्रियन में दहशत फइल गइल। RPF पत्थर चलासे वालन के पहचान करे में जुट गइल बिया।

एकरा पहिले 11 जुलाई के फेंकल गइल रहे पत्थर

दरअसल, 11 जुलाई के अयोध्या कैंट से आगे सोहावल आ देवरा कोट के बीच गोरखपुर से लखनऊ जा रहल 22549 नंबर के वंदे भारत ट्रेन पs अराजकतत्व पत्थर चला देले रहलें सs। पत्थर लगला से चार कोचन के चार खिड़कियन के शीशा चटक गइल रहे। हालांकि, पत्थरबाजी के कुछ घंटन बादे पुलिस 3 लोगन के गिरफ्तार कs लेले रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]