[the_ad_group id="30365"]

UP News: सीएम योगी लईकन के यूनिफॉर्म, जूता मोजा आ स्टेशनरी खातिर डीबीटी कइलें 2300 करोड़

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ बुध के बेसिक शिक्षा के 1.91 करोड़ बच्चन के यूनिफॉर्म, जूता मोजा आ स्टेशनरी खातिर 2300 करोड़ रुपिया भेज देलें।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कहलें कि शिक्षक अपडेट होई लो तs पूरा पीढ़ी अपडेट रही। शिक्षकन के अपडेट करे खातिर समय-समय पs शिक्षण, प्रशिक्षण अउर रिफ्रेशर कार्यक्रम आयोजित कइल जाई। डायट में  शिक्षण प्रशिक्षण के बेवस्था कइल गइल। ऊ बेसिक विद्यालय के 1.91 करोड़ बच्चन के यूनिफॉर्म, स्कूल बैग, जूता मोजा आउर स्टेशनरी खातिर 2300 करोड़ रुपिया डीबीटी करे के बाद संबोधित करत रहलें।

ऊ कहलें कि 2017 के पहिले प्रदेश में शिक्षकन के भारी कमी रहे। अइसन भ्रम फइलावल जा रहल बा कि पिछिला पांच साल में कवनो शिक्षक भर्ती ना भइल। बाकिर हमनी के पिछिला पांच में 1.64 लाख शिक्षक भर्ती कइले बानी सs। जे सेवानृवित्त भइल बा, ओकरा स्थान पs अतिरिक्त बेवस्था भइल बा । जल्दिये नया शिक्षा आयोग के गठन कइल जा रहल बा, ताकि एह में कवनो गैप ना रहे।

कस्तूरबा गांधी बालिका विद्यालयन के अपडेट कइल गइल बा। डायटो के अपडेट कइल जा रहल बा। धेयान दिहल जाव की डायट में योग्य प्रशिक्षक जाव लो। योग्यता के मानक बनावल जाव। गैप के पूरा कइल जाव।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]