- बिहार: विपक्षी एकता के प्रेस कॉन्फ्रेंस से पहिले नीतीश-लालू-तेजस्वी निकलल लो; सुशील मोदी के ट्वीट- कहीं संयोजक ना बनवला से नाराज तs नइखे लो? UAPA के नाम बदलके INDIA रखाल गइल।
- बिहार: NDA के बैठक में बिहार के 4 पार्टी सामिल बाड़ी सs; चिराग मोदी के गोड़ छूवलें… PM गर लगवलें, उपेंद्र बोललें- अब चली भारत बनाम INDIA। नीतीश कुमार के संगे गठबंधन में असहज रहनी- चिराग।
- उत्तर प्रदेश: ‘वंदे भारत ट्रेन’ पs चलावल गइल पत्थर: E-1 कोच के शीशा टूटल; लखनऊ से गोरखपुर आ रहल ट्रेन पs डोमिनगढ़ स्टेशन के लगे भइल हमला। एकरा पहिले 11 जुलाई के फेंकल गइल रहे पत्थर।
- उत्तर प्रदेश: 1,573 एएनएम स्वास्थ कार्यकत्रियन के मिलल नियुक्ति पत्र; सीएम योगी बोललें- 2017 से पहिले नौकरी आवत रहे तs चाचा-भतीजा वसूली खातिर निकल पड़त रहे लो। डिप्टी सीएम बृजेश पाठक कहलें- 6 साल पहिले खाली एगो समाज के लोगन के नियुक्ति पत्र मिलत रहे।
- झारखंड: दनुआ घाटी में भीषण सड़क हादसा तीन के मौत; रांची में दाह संस्कार के बाद अस्थियन के लेके गंगा में प्रवाहित करे जात रहे परिवार, अज्ञात वाहन मरलस टक्कर।
- दिल्ली में NDA के 38 दलन के बैठक सुरू: PM अध्यक्षता कs रहल बाड़ें; विपक्ष के पटना मीटिंग में गइल प्रफुल्ल पटेल अजित पवार के संगे पहुंचलें। बैठक में पहुंचल चिराग पासवान मोदी के गोड़ छूवलें तs पीएम गले लगवलें।
- रेसलर्स यौन शौषण केस में बृजभूषण के राहत: दिल्ली कोर्ट BJP सांसद के 2 दिन के अंतरिम जमानत देलस, 20 जुलाई के अगिला सुनवाई।
- केरल के पूर्व CM ओमान चांडी के बेंगलुरु में निधन: 79 साल के रहलें; विपक्षी एकता बैठक से पहिले सोनिया-राहुल आ खड़गे परिवार से भेंट कइल लो। दु बेर केरल के मुख्यमंत्री रहलें चांडी।
- पाकिस्तान में 8 अगस्त के भंग होई एसेंबली: नवाज आ जरदारी के पार्टी सहमत, नवंबर तक इलेक्शन मुमकिन।
- वेस्टइंडीज में रोहित-द्रविड से मिलिहें चीफ सेलेक्टर: वनडे वर्ल्ड कप खातिर तइयार करिहें रोड मैप; बुमराह के फिटनेसो पs होई चरचा।
सांझ के 10 बड़ खबर
Published on: Jul 18, 2023
बिहार: विपक्षी एकता के प्रेस कॉन्फ्रेंस से पहिले नीतीश-लालू-तेजस्वी निकलल लो; सुशील मोदी के ट्वीट- कहीं संयोजक ना बनवला से नाराज तs नइखे लो? UAPA के नाम बदलके INDIA रखाल गइल। बिहार: NDA के बैठक
Share
Tags:
Bhojpuri News, big breaking, Big Bulletin, big news, big updates, bihar news, Bihar-UP News, Breaking Bulletin, breaking news, Breaking Updates, Evening Breaking, Evening Bulletin, evening news, evening updates, jharkhand news, top 10 news, Top 10 news of evening, top news, up news, साँझ के 10 गो बड़ खबर, साँझ के 10 बड़ खबर, साँझ के बड़ खबर
Share this article






