[the_ad_group id="30365"]

भलुअनी में गैस सिलेंडर फटला से लागल आग, महिला आ तीन गो लईकन के मौत, फायर ब्रिगेड पवलस आग पs काबू

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देवरिया (अखिलेश कुमार सिंह)। देवरिया के भलुअनी कस्बा के लगे इस्थित गांव डुमरी में सनीचर के सबेरे करीब छव बजे गैस सिलेंडर फटला से महिला आ तीन लईकन के मृत्यु हो गइल बा। धमाका एतना तेज रहे कि कमरा के छत आ देवाल क्षतिग्रस्त हो गइल। आग पs काबू पावे के पहिले महिला आ ओकरा तीनो लईका पूरा तरे जल चुकल रहे। महिला अपना पति खातिर चाय बनावे गइल रहे। चाय बनावे के दौरान ई हादसा भइल रहे।

डुमरी गांव के रहे वाला शिव शंकर गुप्ता के 35 बरिस के पत्नी आरती देवी सनीचर के सबेरे सुतके उठला के बाद चूल्हा पs चाय के पैन रखके जइसही गैस जरवली, रेगुलेटर में आग लाग गइल। ऊ हल्ला मचवली, बाकिर तबे सिलेंडर में विस्फोट हो गइल, जवना से घर में आग लाग गइल। आग घर के दूसरका कमरा तक पहुंच गइल, जवना से कमरा में सुतल 14 बरिस के आंचल, 12 साल के कुंदन आ 11 साल के सृष्टि आग के चपेट में आ गइल लो।

घटना के बाद जमा भीड़।
घटना के बाद जमा भीड़।

सबकर कमरे में जलके मृत्यु हो गइल। लईकन के बाहर निकले के मवके ना मिलल। फायर ब्रिगेड के गाड़ी ग्रामीणन के मदद से आग पs काबू पवलस। घटना के बाद से गांव में डीएम अखण्ड प्रताप सिंह, एसपी संकल्प शर्मा सहित स्थानीय विधायक दीपक मिश्रा मवका पs पहुंचल लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]