[the_ad_group id="30365"]

जलपाईगुड़ी में चक्रवाती तूफान मचवलस कोहराम, 5 लोगन के भइल मउत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी कहली कि अतवार क दिने राज्य के जलपाईगुड़ी जिला के कुछ हिस्सा में आइल तूफान के चलते मरे वालन के गिनिती पाँच हो गइल बा। एह तूफान में 100 से अधिका लोग घायल हो चुकल बा। जिला मुख्यालय शहर के अधिकांश हिस्सा अवुरी पड़ोसी मैनागुरी के बहुत इलाका में तेज हवा के संगे ओला के झोंका के चलते बहुत झोपड़ी अवुरी घर के नुकसान भईल, पेड़ उखल गईल अवुरी बिजली के खंभा गिर गईल। बनर्जी अतवार के देर रात जिला के दौरा कईले अवुरी जनता के प्रशासन के ओर से हर संभव मदद के भरोसा देले।

बंगाल में 5 गो लोग के मउत

उ कहले कि, अबे ले हमनी के पांच लोग के मउत के रिपोर्ट मिलल बा। घायल लोग के संख्या काफी जादा बा। घायल आ तूफान में मरे वालन के परिवार से भेंट भइल। राज्य प्रशासन प्रभावित परिवार के मदद खातीर हर संभव प्रयास करी, जब बनर्जी से मुआवजा के बारे में पूछल गईल तs उ कहले कि, आदर्श आचार संहिता लागू होखला के चलते हम एकरा बारे में कुछ नईखी कह सकत। रउरा जिला प्रशासन से बात करे के पड़ी, आंधी के चलते राजारहाट, बार्निश, बकाली, जोरपाकड़ी, माधबडांगा अवुरी सप्तीबारी सबसे जादे प्रभावित भईल बा अवुरी कई एकड़ क्षेत्र में उगावल फसल के नुकसान भईल बा।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]