[the_ad_group id="30365"]

Ganga Vilas Cruise: वाराणसी से डिब्रूगढ़ खातिर रवाना विलास क्रूज छपरा में फंसल, जानीं कइसे निकलल आगे

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Ganga Vilas Cruise: गंगा नदी में वाराणसी से डिब्रूगढ़ खातिर रवाना भइल ‘गंगा विलास क्रूज’ सोमार, 16 जनवरी के दुपहरिया बिहार के छपरा (Chhapra) में फंस गइल रहे। क्रूज-ऑपरेटर्स के ओकरा के उहां से निकाके खातिर बहुते मशक्‍कत करे के पड़ल। क्रूज के फंसला के पता चलतही SDRF के टीमन के बोलावल गइल। जवना के बाद पीपा पुल के खोले पs क्रूज आगे बढ़ल।

छपरा में फंस गइल रहे गंगा विलास क्रूज 

बतावल जा रहल बा कि क्रूज जब छपरा के डोरीगंज इलाका में पहुंचल, तs उहां नदी में पानी कम होखला के वजह से ओकरा के किनारे ले आवल मुश्किल हो गइल रहे। क्रूज पs सवार सैलानियन के बहुत देर तक रुके के पड़ल। SDRF के टीम छोट नाव के माध्यम से सैलानियन के चिरांद ले आवे के कोसिस करत रहे। मवका पs मवजूद लोग बतावल कि नदी में पानी कम होखला के वजह से क्रूज के किनारे के आवल मुश्किल हो गइल रहे।

दुनिया के सबसे लमहर रिवर क्रूज यात्रा

गंगा विलास क्रूज के 3-4 दिन पहिलही प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी वाराणसी से लॉन्‍च कइलें रहलें। लॉन्चिंग के बेरा कहल गइल रहे कि गंगा विलास क्रूज नदी के रास्‍ते 3200 किलोमीटर के सफर करी। उहां से ई क्रूज वाराणसी से रवाना भइल आ अगिला दिन बिहार के सीमा में प्रवेश कइलस। बिहार के बक्सर, जवना कि विश्वामित्र के नगरी मानल जाला, उहां से होत ई क्रूज पूरूब के ओर बढ़त रहे। हालांकि, सोमार, 16 जनवरी के जब क्रूज छपरा के डोरीगंज इलाका में पहुंचल, तs उहां फंस गइल। जवना के बाद प्रशासन तुरंत अलर्ट भइल आ SDRF के टीम बोलावल गइल। फेर दानापुर के दियारा के लाइफलाइन कहल जाये वाला पीपा पुल के खोलके क्रूज के आगे बढ़ावल गइल। एह तरह क्रूज अपना सफर पs फेर रवाना हो चुकल बा।

स्विटजरलैंड के 31 सैलानी बा लो सवार

एह क्रूज में स्विटजरलैंड के कुल 31 सैलानी सवार बा लो। खास बात ई बा कि एमे बुकिंग करावे वाला ज्‍यादातर लोग बिदेd हैं.

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]