Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सांझ के 10 बड़ खबर

781
  1. बिहार: शाहनवाज हुसैन पs चली रेप के केस; BJP नेता के याचिका पs SC कहलस- रउआ सही होखेम तs बच जाएम। सुप्रीम कोर्ट याचिका खारिज कइलस।
  2. बिहार: पटना में फूट-फूट के रोवलें केंद्रीय राज्यमंत्री अश्विनी चौबे; प्रेस कॉन्फ्रेंस में मिलल साथी परशुराम चतुर्वेदी के निधन के सूचना।
  3. उत्तर प्रदेश: अइसन नेता लोगन के फांसी होेखे के चाहीं, राम चरित मानस पs बिहार के मंत्री के विवादित बोल पs भड़कलें पूरी शंकराचार्य।
  4. उत्तर प्रदेश: Allahabad High Court के बड़ फैसला, कोरोना काल में लईकन के 15 प्रतिशत फीस माफ होई।
  5. झारखंड: झारखंड के राजधानी में सड़क पs उतरल लो हजारों पारा मेडिकल कर्मी, कहल लोग, 3 माह के वादा 3 साल बादो अधूरा।
  6. ललित मोदी कोरोना संक्रमित, बेटा के बनवले उत्तराधिकारी: कहलें लईकन के आगे बढ़े के वक्त; कंपनी के कीमत 12 हजार करोड़ रुपिया। लंदन में ऑक्सीजन सपोर्ट पs बाड़ें मोदी।
  7. गंगा विलास क्रूज किनारे ना पहुंच सकल: पानी कम रहे तs छपरा में नदी के बीच में रोकल गइल, पर्यटक स्टीमर से ले आवल गइल लोग।
  8. बेंगलुरु में प्रियंका गांधी के ‘ना नायकी’ रैली: राज्य में सत्ता में आवे पs परिवार के महिला मुखिया के 2000 रुपिया महीना देवे के ऐलान।
  9. दिल्ली में BJP राष्ट्रीय कार्यकारिणी के बैठक सुरू: 9 राज्यन के विधानसभा चुनाव पs मंथन; पीएम मोदी कमजोर बूथन पs काम करे के देले निरदेस।
  10. वायकॉम 18 किनलस विमेंस आईपीएल के मीडिया राइट: 5 सीजन खातिर BCCI के मिली 951 करोड़ रुपिया, हर मैच के कीमत 7.09 करोड़।
439420cookie-checkसांझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.