Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सांझ के 10 बड़ खबर

715
  1. बिहार: रामचरितमानस के बाद महागठबंधन में शिक्षा पs तकरार; शिक्षा मंत्री के ट्वीट- ‘शिक्षित बिहार-तेजस्वी बिहार’ JDU के जवाब- ‘बढ़ता बिहार-नीतीश कुमार- शिक्षित कुमार’
  2. बिहार: जवान के शराब माफिया से हाथापाई, नदी में डुबावल गइल; मुजफ्फरपुर में सिपाही के मौत; अफसर लोग कहलें रहे नौकरी करे के बा तs आवs… ना तs सस्पेंड करेम।
  3. उत्तर प्रदेश: उसरी चट्टी कांड में फेर टलल मुख्तार अंसारी के गवाही, चार सुनवाई से बाहुबली के पेश नइखे कs पा रहल पुलिस।
  4. उत्तर प्रदेश: देस के टॉप विश्वविद्यालय में सामिल भइल DDU, नैक में मिलल ए प्लस प्लस; होई सौगातन के बौछार।
  5. झारखंड: JSEB के पुर्व अध्यक्ष सहित सात लोगन के खिलाफ आरोप तय, 2016 में भइल रहे बड़ घोटाला।
  6. जेपी नड्डा लोकसभा चुनाव तक भाजपा अध्यक्ष रहिहें: जून 2024 तक बढ़ल कार्यकाल; आडवाणी-शाह के बाद लगातार दूसरा बेर अध्यक्ष बने वाला तीसरा नेता।
  7. बेंगलुरु में स्कूटी सवार बुजुर्ग के 1 किमी घसीटलस: लोग घेरके पकड़लस; पीड़िता कहलस- हमरा गाड़ी में टक्कर मारो, रोकलस तs खींच ले गइल।
  8. केजरीवाल बोलले- LG हमरा माथा पs बइठ गइलें: विधानसभा में चिल्लाके बोलले – स्पेलिंग आ हैंडराइटिंग के शिकायत करत बाड़े, ऊ हमार हेडमास्टर ना।
  9. भारत से बातचीत के गुहार… फेर चंद घंटा में पलटल पाकिस्तान: कहलस- कवनो मुद्दा पs रुख नइखे बदलल, कश्मीर में 370 बहाल करे भारत।
  10. श्रेयस अय्यर न्यूजीलैंड वनडे सीरीज से बाहर: पीठ में लागल चोट, NCA में करिहें रिहैब; रजत पाटीदार टीम इंडिया में सामिल।
440200cookie-checkसांझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.