[the_ad_group id="30365"]

G-20: आजु से आगरा किला, सीकरी अउर सिकंदरा स्मारक होई रोशन, ताजमहल के गेट पर लागी जी-20 के लोगो

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जी-20 के मेजबानी आजु से भारत के मिल रहल बा। एह मौका पर देश के 100 स्मारकन के रोशन कइल जाई। एहमें से तीन स्मारक आगरा के बा। ताजनगरी में आगरा किला, फतेहपुर सीकरी अउर अकबर के मकबरा सिकंदरा स्मारक के बियफे से रात में रोशन कइल जाई। सात दिन ले रात में लाइटिंग के सथही ताजमहल के संगे एह तीन स्मारक के प्रवेश द्वार पs जी-20 के लोगो भी लगावल जाई, जेसे एह स्मारकन पर आवे वाले पर्यटक जी-20 की मेजबानी के जानकारी पा सकें।

केंद्रीय संस्कृति मंत्रालय भारतीय पुरातत्व सर्वेक्षण विभाग के अधिकारियन के बियफे से सात दिन ले स्मारकन पर लाइटिंग के साथ जी-20 के लोगो लगावे के निर्देश दिहले बा, जेकरे बाद बुध के रात आगरा किला पर लाइटिंग के ट्रायल कइल गइल। बियफे के दूपहर में चारों स्मारक पर लोगो के अनावरणो कइल जाई। ई लोगो ताजमहल समेत चारों स्मारकन के गेट पर लगी।

आगरा में होखे के बा सांस्कृतिक क्षेत्र के बैठक

जी-20 के मेजबानी मिलले के जश्न देश के 50 शहर के साथ 100 स्मारकन के जरिए मनावल जाई। आगरा ओ शहरन में शामिल बा, जौन जी-20 के मेजबान होई। आगरा में सांस्कृतिक क्षेत्र के बैठक होखे के बा। एहलिए स्मारकन के रोशन कइले के संगे इहां जी-20 के लोगो लगावल जाई। ताजमहल में यूनीपोल पर, आगरा किला के मुख्य प्रवेश द्वार पर, फतेहपुर सीकरी में आगरा गेट पर अउर सिकंदरा में गेट पर जी-20 के लोगो लगावल जाई। जी-20 की बैठकन के दौरान भारत आवे वाले मेहमानन के आगरा के पर्यटन स्थल पs घुमावल जाई।

स्मारकन में होई सेल्फी प्रतियोगिता

संस्कृति मंत्रालय द्वारा जी-20 के एगो इवेंट के रूप में पूरे साल मनावल जाई। ताजनगरी के स्मारकन में सेल्फी प्रतियोगिता आयोजित कइल जाई, जेके सोशल मीडिया पर प्रचारित कइल जाई। एह आयोजन के जरिए युवा लोग के जी-20 इवेंट से जोड़े के कवायद कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]