[the_ad_group id="30365"]

ड्रैगन के चालबाजी: अमेरिकी सांसद खोलनें चीन के पोल, LAC के लग्गे सेना के चौकी बना के भारत के खिलाफ रच रहल बा साजिश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अमेरिकी सांसद राजा कृष्णमूर्ति दुनिया के सोझे चीन के खतरनाक इरादा के खुलासा कइले बानें। कृष्णमूर्ति बुध के कहनें कि भारत अउर चीन के बीच वास्तविक नियंत्रण रेखा के लग्गे पीपुल्स लिबरेशन आर्मी के एक नयका चौकी संबंधी खबर बीजिंग के बढ़त क्षेत्रीय आक्रामकता के एगो अउर चिंताजनक सनेसा बा, जौन अमेरिका द्वारा भारत अउर अन्य सुरक्षा साझेदारन के साथ संयुक्त प्रयास के मजबूत करे के आवश्यकता के दोहरावेला।

समाचार पत्र ‘पॉलिटिको’ भी बुध के दावा कइले रहल कि चीन भारत के संगे आपन विवादित सीमा के लग्गे एगो सैन्य चौकी बनवले बा। सेंटर फॉर स्ट्रेटेजिक एंड इंटरनेशनल स्टडीज ‘चाइना पावर प्रोजेक्ट’ द्वारा मिलल नैटसेक डेली के साथ साझा कइल गइल तस्वीर में साफ लउकsता कि पीपुल्स लिबरेशन आर्मी पैंगोंग त्सो में सैनिकन के रखे खातिर एगो मुख्यालय अउर गैरीसन के निर्माण कइले बानें।

चीनी कम्युनिस्ट पार्टी के अत्याचार बा जारी: राजा कृष्णमूर्ति

राजा कृष्णमूर्ति कहनें कि चीनी कम्युनिस्ट पार्टी अपने पुरान ढर्रा पs चलल नइखे छोड़ले। देश में अब्बो घरेलू दमन, उइगर मुस्लिमन से क्रूर उत्पीड़न अउर ऑनलाइन गलत सूचना के प्रयास में बढ़त जारी बा। एहलिए भारत से ताइवान जलडमरूमध्य तक एकरे बढ़ते अंतरराष्ट्रीय सैन्य आक्रमण के संकेतो बा।

चीनी कम्युनिस्ट पार्टी के बढ़त आक्रामकता के चेहरा दुनिया के सोझे लावे के होई

राजा कृष्णमूर्ति कहनें कि चीन के आक्रामक महत्वाकांक्षा के सोझे, ई जरूरी बा कि संयुक्त राज्य अमेरिका अपने सहयोगियन के संगे सुरक्षा अउर खुफिया सहयोग के अउर विस्तार करे ताकि ई स्पष्ट संदेश भेजल जा सके कि संयुक्त राज्य अमेरिका, भारत, ताइवान अउर पूरे क्षेत्र में लोकतंत्र के संगे ठाढ़ बा। चीनी कम्युनिस्ट पार्टी के बढ़त आक्रामकता के चेहरा दुनिया के सोझे लावे के होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]