[the_ad_group id="30365"]

फ्रांस के राजनयिक लॉरेंट त्रिपोने कइले गुरु गोरखनाथ के दर्शन, गोरखपुर के बतवले न्यू वेल डेवलप्ड सिटी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

GORKHPUR NEWS लॉरेंट त्रिपोने भारत स्थित फ्रांसीसी दूतावास में प्रधान राजनीतिक काउंसलर के पद पs तैनात बाड़न। उऽ निजी यात्रा पs गोरखपुर आइल रहले। एही दौरान ऐतवार के भोरे में उऽ गोरखनाथ मंदिर पहुंचले। इहाँ उऽ गुरु गोरखनाथ मंदिर में दर्शन पूजा कइले। परिसर के आउरो देव मंदिरन के दर्शन कइला के साथही गोरक्षपीठ के पूर्व पीठाधीश्वरन महंत दिग्विजयनाथजी महाराज महंत अवेद्यनाथजी महाराज के समाधि पs शीश झुकवले।

गोरखपुर। फ्रांस के राजनयिक लॉरेंट त्रिपोने एतवार के गोरखनाथ मंदिर में शिवावतार महायोगी गुरु गोरक्षनाथ के दर्शन-पूजा कइले। मंदिर के दिव्यता आ भव्यता से अभिभूत त्रिपोने परिसर में इस्थित सब देव विग्रहन के दर्शन कऽ के माथा टीकले।

उऽ गीताप्रेस, रामगढ़ताल क्षेत्र समेत गोरखपुर के कुछ प्रमुख स्थलनो के भ्रमण कइले आ मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के नेतृत्व में एकरा के न्यू वेल डेवलप्ड सिटी (बढ़िया नव विकसित शहर) बतवले।

निजी यात्रा पऽ आइल रहले गोरखपुर

लॉरेंट त्रिपोने भारत स्थित फ्रांसीसी दूतावास में प्रधान राजनीतिक काउंसलर के पद पs तैनात बाड़न। उऽ निजी यात्रा पs गोरखपुर आइल रहले। एही दौरान ऐतवार के भोरे में उऽ गोरखनाथ मंदिर पहुंचले। इहाँ उऽ गुरु गोरखनाथ मंदिर में दर्शन पूजा कइले। परिसर के आउरो देव मंदिरन के दर्शन कइला के साथही गोरक्षपीठ के पूर्व पीठाधीश्वरन महंत दिग्विजयनाथजी महाराज महंत अवेद्यनाथजी महाराज के समाधि पs शीश झुकवले।

समूचा मंदिर परिसर के भ्रमण करत घरी गोरक्षपीठ, नाथपंथ, एकर गुरु परंपरा, मंदिर के शैक्षिक, स्वास्थ्य आ सेवा प्रकल्पन के विस्तार से जानकारी हासिल कइले। गोरक्षपीठ के सामाजिक समरसता आ एह पीठ के सेवा परियोजना के बारे में जान के लॉरेंट खुशी से बेहाल रहले।

गउ सेवा कऽ के आत्मीय सुख के आनंद लिहले 

उऽ मंदिर के गोशाला में जाके गउ सेवा कऽ के आत्मीय सुख के आनंद लिहले। महंत दिग्विजयनाथ स्मृति सभागार में उऽ ओहिजा इस्थित मंदिर प्रकाशन के पुस्तकन के देखले। मंदिर की ओर  से उनका के नाथपंथ पs केंद्रित दू गो किताबो भेंट में दिहल गइल।

फ्रांसीसी दूतावास में प्रधान राजनीतिक काउंसलर लॉरेंट गोरखपुर में कई गो प्रमुख स्थलन के भ्रमण कइले। इहाँ के विकास को देख के आ इहाँ आइल बदलाव के बारे में जान के उऽ काफी प्रभावित लउकले। उऽ गीता प्रेस के भ्रमण कइले आ रामगढ़ताल के खूबसूरती के भी दीदार कइले। उऽ कहले कि ई उनका द्वारा देखल गइल कई हो खूबसूरत झीलन में से एक बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]