[the_ad_group id="30365"]

अफगानिस्तान भारी बरखा आ बाढ़ मचवलस तबाही, 50 लोगन के मउत, कई गो लापता

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

काबुल: अफगानिस्तान के बघलान प्रांत में बरखा के बाद अचानक आ‌इल बाढ़ में शुक के कम से कम 50 लोगन के मउत हो ग‌इल। तालिबान के एगो अधिकारी एs बारे में जानकारी देत कहले के बाढ़ के असर राजधानी काबुल पs पड़ल बा । बघलान में प्राकृतिक आपदा प्रबंधन के प्रांतीय निदेशक इदायतुल्ला बतावत कहले ” बाढ़ से घर आ संपत्ति के नुकसान पहुंचत बा उs कहले कि बाढ़ अइले के बाद से अनेक लोग लापता बाटें एसे मृतक संख्या बढ़ले के आशंका ह।

बाढ़ के असर काबुल पs पड़ल बा’

प्राकृतिक आपदा प्रबंधन मंत्रालय के प्रवक्ता अब्दुल्ला जानान सैक कहले कि बाढ़ के असर राजधानी काबुल पs प‌‌डल। उs बतवले कि बचाव टीम भोजन आ अन्य सहायता पहुंचावल रहे। सैक कहल कि अधिकारी के पूरा ध्यान बचाव अभियान पs रहे आ उs हताहत के संख्या आ बाढ़ से भइल नुकसान के बारे में आए वाला समय में सटीक जानकारी दे पाइब। पिछला महीना देश में भारी बरखा आ बाढ़ से जुड़ल घटना में कम से कम 70 लोगन के मउत हो ग‌इल आ लगभग 2000 घर, 3 मस्जिद आ 4 स्कूल क्षतिग्रस्त हो ग‌इल बा।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]