Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पटना में वोटिंग के दिन रैपिडो के फ्री राइड : वोटरन के पोलिंग बूथ तक पहुंचल होई आसान, जागरूकता रैली के डीएम कइलें रवाना

801

पटना में सातवां चरण के तहत आवे वाला एक जून के वोटिंग होई। मतदान करे खातिर बूथ पs जाये में कवनो परेसानी ना हो, एकरा खाती रैपिडो मतदाता लोगन के फ्री सेवा दी। घर से पोलिंग बूथ तक जाये आ फेर वापस घरे आवे खातिर निशुल्क बेवस्था कइल गइल बा। रैपिडो ऐप के प्रयोग कs के मतदाता फ्री परिवहन सेवा प्राप्त कs सकी लो।

डीएम हरियर झंडी दिखाके बाइक टैक्सी रैली के कइलें रवाना

देश के लोकतांत्रिक ढांचा के सशक्त बनावे खातिर रैपिडो राष्ट्र के प्रति आपन कर्तव्य निभावत ‘सवारी जिम्मेदारी की’ लॉन्च कइले बा। संगही जागरूकता अभियान चलावल गइल। पटना के डीएम शीर्षत कपिल अशोक 125 से जादे बाइक टैक्सी के संगे रैली के गांधी मैदान के गेट नंबर 5 से हरियर झंडी देखाके रवाना कइलें।

रैपिडो के समर्पण के सराहना कइलें

इएह मवका पs ऊ कहलें कि चुनाव प्रक्रिया में जोगदान देवे खातिर रैपिडो के समर्पण के सराहना करत बाड़ें। पटना में हर योग्य मतदाता के परिवहन के साधन के चिंता कइले बिना आपन मतदान देवे के मवका मिले। एह तरे के सार्वजनिक-निजी भागीदारी समाज पs बड़ा प्रभाव उत्पन्न कs सकत बा।

मुफ्त राइड्स उपलब्ध कराके लोकतंत्र के बढ़ावा दे रहल बानी सs 

ओहिजा, रैपिडो के सह-संस्थापक पवन गुंटुपल्ली कहलें कि हमनी के एह पहल से सुनिश्चित कइल चाहत बानी सs कि पटना में हर मतदाता मतदान के कर्तव्य के सफलतापूर्वक निभावे। ई मुफ्त राइड्स उपलब्ध कराके हमनी के लोकतंत्र के बढ़ावा दे रहल बानी सs।

कोड के उपयोग कs के मुफ्त राइड पावल जा सकत बा

चुनाव के दिन मतदाता रैपिडो ऐप पs कोड के उपयोग कs  के मुफ्त राइड पा सकत बा लो। एह अभियान के तहत 100 से जादे शहरन में चुनाव के दिन मुफ्त राइड उपलब्ध करावे खातिर 10 लाख से जादे कैप्टन्स के लगावल गइल बा।

साभार: दैनिक भास्कर

842880cookie-checkपटना में वोटिंग के दिन रैपिडो के फ्री राइड : वोटरन के पोलिंग बूथ तक पहुंचल होई आसान, जागरूकता रैली के डीएम कइलें रवाना

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.