Bihar: पप्पू यादव भाजपा विधायक के खुला चुनौती देले, कहले – सत्ता के अहंकार ना देखावे; तेजस्वी पs भी ताना मारत नजर अइले

By Anurag Ranjan

Published on: May 27, 2024

पप्पू यादव कहले कि राजद के सिर्फ मुस्लिम वोट के चिंता बा। राजद के उम्मीदवार अली अशरफ फातमी एक बेर भी पीड़ित परिवार से मिले ना अइले। जइसे राजद के बड़का नेता छपरा ना गइले

Share

पप्पू यादव कहले कि राजद के सिर्फ मुस्लिम वोट के चिंता बा। राजद के उम्मीदवार अली अशरफ फातमी एक बेर भी पीड़ित परिवार से मिले ना अइले। जइसे राजद के बड़का नेता छपरा ना गइले ओसही इहां भी ना अइले।

20 मई के मधुबनी लोकसभा क्षेत्र के जाले इलाका में बुरका पहिन के फर्जी वोट देवे के कोशिश के आरोप में पुलिस खुद बूथ से तीन फर्जी महिला मतदाता समेत चार लोग के गिरफ्तार कs लेलस। एकरा बाद गांव के लोग थाना पs हमला बोल के चारो के भगा देले। पुलिस ए मामिला में चार आरोपी के जेल भेज देले बिया। अब एह मामिला में राजनीति तेज हो गइल बा । एकरा से पहिले भाजपा के पूर्व मंत्री जीवन कुमार आ मधुबनी के सांसद अशोक कुमार यादव बुर्का पहिन के मतदान पs रोक लगावे के मांग कइले रहले। रविवार के रात पूर्णिया लोकसभा क्षेत्र के निर्दलीय उम्मीदवार आ कांग्रेस नेता पप्पू यादव गिरफ्तार लोग के घर पहुंचले।  उनकर परिवार के सदस्यन से भेंट कइले । पप्पू यादव कहले कि गिरफ्तार लोग के संगे आतंकी नियन व्यवहार कइल जाता। पुलिस के डर से पूरा गांव में दहशत मचल बा। ऊ कहले कि पुलिस के उचित कार्रवाई करे के चाही। आधा रात में जबरन गिरफ्तारी जायज नइखे। एतने ना पप्पू यादव राजद उम्मीदवार अली अशरफ फातमी पs भी हमला कइले। ऊ कहले कि उनुकर एकमात्र मकसद मुसलमान के वोट पावल बा। दुख के बात बा कि आज ओह लोग के दुख में ना खड़ा हो पावत बानी ।

तेजस्वी पs भी ताना मरले

पप्पू यादव कहले कि राजद के सिर्फ मुस्लिम वोट के चिंता बा। राजद के उम्मीदवार अली अशरफ फातमी एक बेर भी पीड़ित परिवार से मिले ना अइले। जईसे राजद के बड़का नेता चपरा ना गईले ओसही इहां भी ना अआयले। तेजस्वी पर चुटकी लेत कहलन कि अगर हेलीकाप्टर कम से कम एक बेर एहिजा उतरल रहित त लोग के राहत मिलित ।

खुलेआम चुनौती दिहले भाजपा विधायक के

पप्पू यादव स्थानीय भाजपा विधायक के भी खुला चुनौती देले। भाजपा विधायक जीवेश मिश्रा पs नाराज होके ऊ कहले कि जवन डर के माहौल बनल बा ऊ टिक ना पाई। जरुरत पड़ला पर गाँव में ही बईठ जाइब। ताकत बा त आके लड़ाई लड़ऽ। एह प्रकार के अत्याचार के रोके के चाही। सत्ता के अहंकार मत देखाईं। लोग पर ई तानाशाही बंद कर दीं ।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.