[the_ad_group id="30365"]

बिहार: डीएलएड पहिला बरिस आ STET के 18 जून के परीक्षा स्थगित: बकरीद के लेके बोर्ड के फैसला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

डीएलएड पहिला बरिस के सत्र 2023-25 खातिर 18 जून के होखे वाला परीक्षा के स्थगित कs दिहल गइल बा। एह संबंध में बिहार बोर्ड के ओर से नोटिस जारी कइल गइल बा। जेमे लिखल बा कि 17 जून के बकरीद के धेयान में रखत पहिला दिन माने 18 जून के आयोजित होखे वाली परीक्षा के स्थगित कइल गइल बा। परीक्षा कब होई, एकरा खातिर आगे सूचना जारी कइल जाई।

ओहिजा, 19 से 25 जून तक पूर्व निर्धारित कार्यक्रम के अनुसार परीक्षा लिहल जाई। पहिला पाली सबेरे 9:30 से 12:45 के बीच आ दूसरका पाली के परीक्षा दुपहरिया दु से शाम 5:15 बजे तक आयोजित होई।

एसटीईटी परीक्षा स्थगित

एकरा संगही STET 2024 (पहिला) के तहत 18 जून के आयोजित होखे वाला पेपर-II (वर्ग 11-12) के परीक्षा के समिति कावर से बकरीद के कारण स्थगित कs दिहल गइल बा। स्थगित परीक्षा के आयोजन के तिथि के संबंध में सूचना बाद में दिहल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]