Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

दिल्ली के पूर्व मंत्री सत्येंद्र जैन के कपार में चोट लगले से जमल खून के थक्का, मेडिकल बोर्ड गठित, इलाज जारी

227

 

जैन के इलाज खातीर चार सदस्यीय मेडिकल बोर्ड के गठन भईल बा। फिलहाल उनुकर हालत स्थिर बा अवुरी उनुकर इलाज गहन देखभाल से होखता।

आम आदमी पार्टी के नेता अवुरी दिल्ली सरकार के मंत्री रहल सत्येंदर जैन के हालत ठीक नईखे। सिर में चोट के चलते खून के थक्का जम गईल बा अवुरी सरकारी अस्पताल में उनुकर इलाज चलता। सूत्र के हवाला देत इ जानकारी शुक्रवार के सोझा आईल बा। हालांकि उनुकर हालत स्थिर बा। सूत्र बतवले कि जैन के इलाज खाती चार सदस्यीय मेडिकल बोर्ड के गठन भईल बा।

गुरुवार के जैन के लोक नायक जय प्रकाश अस्पताल के आईसीयू में भर्ती करावल गईल। सूत्र के मुताबिक बोर्ड के सदस्य में एलएनजेपी अस्पताल के सीनियर डॉक्टर, जीबी पंत अस्पताल के न्यूरोलॉजिस्ट अवुरी गहन देखभाल में विशेषज्ञता राखेवाला डॉक्टर शामिल बाड़े। एकरा से पहिले सूत्र बतवले रहले कि जैन के मेडिकल कंडीशन के जांच होखता। उ कहले रहले कि, पूर्व मंत्री के हालत अब स्थिर बा। चोट के चलते उनुका माथा में खून के थक्का जम गईल बा अवुरी फिलहाल उनुकर इलाज चलता। उनुका पे एमआरआई समेत कई गो जांच हो चुकल बा, जवना के रिपोर्ट के इंतजार बा।

तिहाड़ जेल में चक्कर अईले से गिरले, 6 हप्ता के मिलल जमानत

सुप्रीम कोर्ट बियफे के दिने दिल्ली के मंत्री रहल सत्येंदर जैन के मेडिकल आधार पे मनी लांड्रिंग के मामिला में छह हफ्ता के अंतरिम जमानत दे दिहलस आ कहलस कि कवनो नागरिक के अपना खरचा पे निजी अस्पताल में अपना पसंद के इलाज करावे के अधिकार बा। गुरुवार के तिहाड़ जेल के वाशरूम में चक्कर आवे के चलते जैन गिर गईल रहले, जवना के बाद उनुका के सरकारी अस्पताल में भरती करावल गईल।

 

 

 

 

552770cookie-checkदिल्ली के पूर्व मंत्री सत्येंद्र जैन के कपार में चोट लगले से जमल खून के थक्का, मेडिकल बोर्ड गठित, इलाज जारी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.