[the_ad_group id="30365"]

शीत सत्र: आतंक के खिलाफ भारत में जीरो टॉलरेंस के नीति, एह साल जम्मू-कश्मीर में मारल गइलें 180 दहशतगर्द

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आजु से संसद के शीतकालीन सत्र शुरू हो गइल बा। एह सत्र में कुल 17 कार्य दिवस होइहें। सत्र के दौरान केंद्रीय गृह राज्य मंत्री नित्यानंद राय बुध के राज्यसभा में जम्मू कश्मीर में आतंकियन के खिलाफ कार्रवाई के बारे में बतवलें। एह दौरान ऊ जम्मू में सरकार द्वारा लोग के रक्षा खातिर उठावल गइल कदम के बारे में भी जानकारी दीहलें। संगही आतंकी घटना में स्थानीय निवासियन के मौत के बारे में भी नित्यानंद राय राज्यसभा में जानकारी दिहलें।

आठ पत्रकारन के आतंकवादियन से मिलल ऑनलाइन धमकी

एगो लिखित प्रश्न के जवाब देत ऊ कहनें कि कश्मीर में काम करे वाले आठ पत्रकारन के आतंकवादियन से ऑनलाइन धमकी मिलल। जेकरे चलते ओमें से चार लोग कथित तौर पर अपने नौकरी से इस्तीफा भी दे दिहलें। एके ले के श्रीनगर के शेरगारी थाने में मामला दर्ज कइल गइल बा। ऊ बतवलें कि ‘जइसन कि जानकारी मिलल बा कि श्रीनगर स्थित स्थानीय समाचार अखबार खातिर काम करे वाले आठ पत्रकारन के आतंकी ब्लॉग ‘कश्मीर फाइट’ के माध्यम से धमकी मिलल रहे। जेकरे बाद चार मीडियाकर्मी लोग कथित तौर पर इस्तीफा भी दे दिहले बानें। जौन मीडियाकर्मी लोग इस्तीफा दिहले बा, ऊ ‘राइजिंग कश्मीर’ मीडिया हाउस के बानें।

सरकार के आतंकवाद के खिलाफ जीरो टॉलरेंस के नीति

लिखित प्रश्न के जवाब देत नित्यानंद राय कहलें कि सरकार के आतंकवाद के खिलाफ जीरो टॉलरेंस के नीति बा अउर जम्मू-कश्मीर में सुरक्षा स्थिति में काफी सुधार भइल बा। ऊ कहनें कि सरकार लोगन के जीवन के रक्षा खातिर कई कदम उठवले बा। पुलिस, सेना, अर्धसैनिक बल अउर खुफिया एजेंसियां जम्मू अउर कश्मीर में कौनो हमला के विफल करे के तैनात रहेले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]