[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: स्वच्छ वार्ड में गोरखपुर नगर निगम यूपी में अव्वल, मिलल प्रशस्ति पत्र

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Gorakhpur News: त्योहारन में स्वच्छता आ बेवस्था में सर्वश्रेष्ठ काम के लेके उत्तर प्रदेश में गोरखपुर नगर निगम के पहिला स्थान रहल। स्वच्छ भारत मिशन नगरीय उत्तर प्रदेश के स्वच्छ त्यौहार महोत्सव 2022 के अंतर्गत स्वच्छ वार्ड प्रतियोगिता में ई पुरस्कार गोरखपुर के मिलल बा। लखनऊ के गोमती नगर स्थित नगरीय निकाय निदेशालय सभागार में नगर विकास मंत्री ए.के. शर्मा प्रशस्ति पत्र देके सम्मानित कइलस।

गोरखपुर नगर निगम के अपर नगर आयुक्त दुर्गेश मिश्रा सहायक नगर आयुक्त डॉ मणि भूषण तिवारी ने ई प्रमाण पत्र हासिल कइलस। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के गोरखपुर दौरा के लेके बेवस्था के कारण नगर आयुक्त अविनाश सिंह के अनुपस्थित एह कार्यक्रम में रहल। एह कार्यक्रम में नगर विकास मंत्री कहलें त्योहारन में स्वच्छता आ बेवस्था में सर्वश्रेष्ठ काम करे वाला निगम में गोरखपुर के प्रथम स्थान मिलल बा आ एह काम खातिर नगर विकास मंत्री सुभकामना देले बाड़ें आ नगर निगम गोरखपुर के उज्जवल भविष्य ले कामना कइलें।

एह नगर निगमन के मिलल पुरस्कार

  • प्रथम स्थान गोरखपुर नगर निगम
  • द्वितीय स्थान लखनऊ नगर निगम
  • तृतीय स्थान वाराणसी नगर निगम
  • सहारनपुर के सांत्वना पुरस्कार मिलल

एह कार्यक्रम के दौरान प्रमुख सचिव नगर विकास अमृत अभिजात, राज्य मिशन स्वच्छ भारत मिशन नगरीय के निदेशक नेहा शर्मा, नगर विकास सचिव अनिल कुमार, रंजन कुमार समेत कइयन अधिकारी मवजूद रहल लो।

गोरखपुर नगर निगम के नगर आयुक्त अविनाश सिंह बतवले कि एह पुरस्कार से मनोबल बढ़ल बा। भविष्य में आउर निम्मन बेवस्था कइल जाई। ऊ बतवले की नगर निगम के ई पुरस्कार सब त्योहारन में साफ सफाई छिड़काव दिवाली पर्व प महानगर के सजावट आ छठ पर्व प सब घाटन के साफ सफाई आ सजावट खातिर दिहल गइल बा।

गोरखपुर में नगर निगम द्वारा छठ पर्व प गोरखनाथ घाट, रामघाट, राजघाट, मानसरोवर, गोरखनाथ मंदिर, सूरजकुंड सहित कइयन जगहन प सजावट आ साफ सफाई के विशेष बेवस्था कइल गइल रहे। श्रद्धालुअन के कवनो दिक्कत ना होखे एहिसे नगर निगम के तरफ से रोड लाइट के बेवस्था कइल गइल रहे।

साभार: प्रभात खबर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]