[the_ad_group id="30365"]

ट्विटर के बाद अब मेटा में बड़ पैमाना पर छंटनी, एह हफ्ते जा सकsता हजारन कर्मियन के नौकरी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ट्विटर के बाद अब सोशल मीडिया साइट फेसबुक के पेरेंट कंपनी मेटा में बड़ पैमाना पर छंटनी के खबर बा। एक रिपोर्ट के अनुसार मार्क जुकरबर्ग के कंपनी से एह हफ्ता बड़ पैमाना पर छंटनी (Layoffs) होखे जा रहल बा।

रिपोर्ट्स के मुताबिक मेटा में आगामी बुध यानी नौ नवंबर के बड़ पैमाना पर छंटनी के प्रक्रिया शुरू हो जाई। रिपोर्ट्स में दावा कइल गइल बा कि छंटनी के एह प्रक्रिया के दायरा में कंपनी के हजारो कर्मचारी अइहें। कहल जा रहल बा कि ई छंटनी मेटा (फेसबुक) के इतिहास में पहिला बार होई। बता देईं कि सितंबर के आखिर में कंपनी कहले रहनें कि मेटा में कुल 87 हजार कर्मचारी काम करेने।

मेटा के शेयर एह बरिस 73 प्रतिशत तक टूट चुकल बा

फेसबुक के पेरेंट कंपनी मेटा के शेयर में एह बरिस अब ले 73 प्रतिशत के गिरावट आ चुकल बा। कंपनी के शेयर वर्ष 2016 के अपने न्यूनतम स्तर से भी नीचे पहुंच के एसएंडपी 500 इंडेक्स के सबसे खराब प्रदर्शन करे वाले शेयरन के सूची में शामिल हो गइल रहनें। मेटा के शेयर के वैल्यू में एह बरिस करीब 67 अरब डॉलर के कमी आ चुकल बा, ई कंपनी खातिर कौनो झटका से कम नइखे।

छंटनी के योजना तैयार बा। बस अमलीजामा पहिनावल बाकी बा।
मेटा में होखे जा रहल छंटनी के रिपोर्ट्स पर अब ले कंपनी के ओर कौनो प्रतिक्रिया नाइ देहल गइल बा। हालांकि, जानकारन के मानल बा कि ई छंटनी बड़ पैमाना पर होई। कंपनी के हजारो कर्मचारियन के बाहर के रास्ता देखावे के योजना बन चुकल बा। अब बस एके अमलीजामा पहिनावल गइल बाकी बा।

कई चिंता से एक साथ जूझ रहल बिया जुकरबर्ग के कंपनी

बता देईं कि जुकरबर्ग के कंपनी मेटा एह दिन कई चुनौतियन से जूझ रहल बा। एहमें ग्लोबल इकोनॉमिक ग्रोथ चिंता, टिकटॉक से बढ़त प्रतियोगिता, एपल के प्राइवेसी नीति में बदलाव, मेटावर्स पर हो रहल विशाल खर्चा अउर रेग्युलेशन से जुड़ल बात शामिल बा। कंपनी के तिमाही नतीजा पर भी एह चुनौतियन के असर पड़ल बा। अंक्तूबर से दिसंबर तिमाही में भी कमजोर नतीजा अइले के आशंका बा।

जुकरबर्ग पहिलहीं दिहले रहनें छंटनी के संकेत

मेटा के चीफ एग्जीक्यूटिव ऑफिसर मार्क जुकरबर्ग पहिलही बता चुकल बानें कि कंपनी में कइल गइल निवेश के रिटर्न अइले में एक दशक के समय लाग सकsता। तब उनके हायरिंग रोकले, नए प्रोजेक्ट्स रोकले अउर लागत कम कइले के कोशिश पर काम करे के पड़ी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]