[the_ad_group id="30365"]

बीजिंग में पहिला बेर लागल राष्ट्रपति जिनपिंग के हटावे के बैनर, घबराई सरकार दिहलस तुरंत हटवावे के निर्देश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

चीन में मौजूदा सरकार के खिलाफ असंतोष पनपले के संकेत मिल रहल बा। बियफ़े के बीजिंग में दुकान के बाहर अचानक कई बैनर लउके लागल। ओमें राष्ट्रपति शी जिनपिंग के पद से हटावे अउर कोरोना पाबंदी खतम करे जइसन कई नारा लिखल रहे। ई पहिला मौका ह जब जिनपिंग के खिलाफ अइसन बैनर नजर आइल बा।
चीन के राजधानी बीजिंग के सड़क पर एह बैनर के कई तस्वीर अउर वीडियो ट्विटर पर काल्ह तेजी से वायरल भइल। ट्विटर चीन में ब्लॉक ह। जिनपिंग के खिलाफ सोशल मीडिया में नाराजगी तब खुल के सोझे आइल बा जब चीन के सत्तारूढ़ कम्युनिस्ट पार्टी के 10 साल में दू बेर होखे वाला सम्मेलन शुरू होखे वाला बा।

बैनर पर लिखल बा कई नारे

एह बैनर पर राष्ट्रपति जिनपिंग के पद से हटावे अउर कठोर कोरोना पाबंदी खत्म करे के मांग कइल गइल रहे। सोशल मीडिया में वायरल ई बैनर बीजिंग के उत्तर-पश्चिमी हैडियन जिला में टाँगल नजर आइल रहे। कुछुए समय में स्थानीय प्रशासन उनके हटवा दिहलें, लेकिन तब ले इनकर तस्वीर सोशल मीडिया के जरिए दुनियाभर में फैल चुकल रहे।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]