Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

353
  1. बिहार: बिहार में सरकारी कर्मचारियन के महंगाई भत्ता 4 फीसदी बढ़ल; नीतीश सरकार के दिवाली- छठ से पहिले तोहफा, कैबिनेट बैठक में 21 अजेंडन प मुहर। परीक्षा करावे खातिर BPSC के 4 करोड़ रुपिया के आवंटन।
  2. बिहार: उपचुनाव से मुकेश सहनी कइलें किनारा: ना महागठबंधन में मिलल तव्वजो, ना बीजेपी खोललस केवाड़ी, समर्थनो प बा संशय। चुनाव के जगह आरक्षण के लड़ाई लड़े जमीन प उतरी VIP- प्रवक्ता देव ज्योति।
  3. उत्तर प्रदेश: कैबिनेट बैठक- IIT कानपुर में बनी ड्रोन टेक्नोलॉजी प अधारित सेंटर ऑफ एक्सीलेंस।छोट किसानन खातिर सोलर पंप आ वाटर टैंक, 73 लाख टन धान किनी सरकार। यूपी प्राकृतिक बोर्ड के गठन के मंजूरी।
  4. उत्तर प्रदेश: बियाह के बादो शारीरिक संबंध बनावे में नाबालिग के इक्षा मायने नइखे रखत, इलाहाबाद हाईकोर्ट के महत्वपूर्ण फसीला। ई शारिरीक संबंध के श्रेणी में।
  5. झारखंड: झारखंड बोर्ड परीक्षा 2023- शिक्षा मंत्री जगरनाथ महतो के बड़ फसीला, अब एक बेर में होई मैट्रिक- इंटर के परीक्षा। झारखंड एकेडमिक काउन्सिल के बैठक में भइल निर्णय। मैट्रिक आ इंटर के परीक्षा ओएमआर आ उत्तरपुस्तिका प होई, जबकि आठवीं, नौवीं आ 11वीं के परीक्षा खाली ओएमआर सीट प होई।
  6. अमेरिका में पाकिस्तानी वित्त मंत्री के खिलाफ लागल चोर चोर के नारा: इशहाक डार वर्ल्ड बैंक के मीटिंग में शामिल होखे पहुंचल रहले वाशिंगटन।एयरपोर्ट प लोग झूठा कहल। घटना के वीडियो बा वायरल।
  7. गिरावट में बंद भइल शेयर बाजार: सेंसेक्स 390 अंक गिरके 57,235 प बंद भइल, निफ्टी 110 अंक टूटल; विप्रो आ अडाणी पोर्ट्स टॉप लूजर।
  8. 3 घण्टा पुलिस के हिरासत में रहलें आप संयोजक गोपाल इटालिया: आप नेता इटालिया प्रधानमंत्री आ उनका मां के अपशब्द कहलें रहस। गुजरात में आप के संयोजक बाड़ें इटालिया; एगो आउर वीडियो भइल वायरल। स्मृति ईरानी के पलटवार कहली- ऊ गटर जइसन मुहं वाला।
  9. राहुल गांधी पानी के टंकी प चढ़के फहरवले तिरंगा: कर्नाटक में बोललें- कन्नड़ भाषा के सम्मान होखे, अभी ले कइलें 925 किमी यात्रा। भारत जोड़ो यात्रा के 36 दिन पूरा भइल।
  10. विश्व कप 2022 में भारत खातिर बड़ ताकत बन सकेला विराट के टी-20 विश्वकप में 76 के औसत, रोहित एह साल बना रहल बाड़ें 146 के स्ट्राइक रेट से रन, सूर्या के फॉर्म भारत के हित में बाकिर बड़ टूर्नामेंट में अभी ले काबिले तारीफ पर्दशन ना, हार्दिक बतौर ऑलराउंडर भारत खातिर बहुते जरूरी।
354940cookie-checkMorning Updates: भोर के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.