[the_ad_group id="30365"]

रूस के मास्को से नई दिल्ली आवत फ्लाइट में बम होखले के सूचना, मचल हड़कंप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रूस के मॉस्को से दिल्ली आ रहल फ्लाइट में शुक्क के भोरही बम रखल होखले के सूचना मिलल। फ्लाइट भोरे करीब 3.20 बजे दिल्ली में लैंड भइल। विमान में 14 क्रू सदस्य अउर 386 यात्री सवार रहलें। लैंडिंग के बाद आनन-फानन में सबके उतार लिहल गइल। अधिकारी लोग के अब ले विमान में कौनो विस्फोटक सामग्री नइखे मिलल। दिल्ली पुलिस कहलस कि मामिला के छानबीन शुरू कs देहले बा।

सूत्र के मुताबिक, इंदिरा गांधी अंतरराष्ट्रीय हवाई अड्डे के कंट्रोल रूम के सोशल मीडिया साइट पर बियफ़े देर रात 11 बजे रूस से आ रहल विमान में बम के सूचना मिलल रहे। हालांकि, पुलिस के कहनाम बा कि फ्लाइट में बम होखले के जानकारी सीआईएसएफ के ईमेल के जरिए मिलल।

एसे पहिले पिछले हफ्ते डीजीसीए के ईरान से चीन जा रहल एगो फ्लाइट में भी बम होखले के सूचना मिलल रहे। तब भारत के तरफ से एहतियात बरतत ईरान के महान एयर के एह फ्लाइट के जयपुर में लैंड करे के पेशकश कइल गइल रहे। वायुसेना फ्लाइट के लैंड करावे खातिर सुखोई लड़ाकू विमान भी भेजल गइल रहे। हालांकि, बाद में एह फ्लाइट में बम के सूचना झूठ साबित भइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]