[the_ad_group id="30365"]

स्पीकर पद के लेकर तकरार, बिरला एनडीए तs सुरेश होइहें विपक्ष के उम्मीदवार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लोकसभा स्पीकर पद खातिर सत्ताधारी एनडीए आ विपक्षी गठबंधन के बीच सहमति ना बन सकल। अब स्पीकर पद के लेके आजादी के बाद पहिला बेर चुनाव होगा। ओम बिरला एनडीए तs के सुरेश विपक्षी गठबंधन के तरफ से लोकसभा अध्यक्ष पद के उम्मीदवार होई लो।

26 जून के सबेरे 11 बजे होई मतदान

लोकसभा स्पीकर पद खातिर बिहान माने 26 जून के सबेरे 11 बजे वोटिंग होई। एनडीए के तरफ से ओम बिरला आ  विपक्ष के ओर से कांग्रेस सांसद के. सुरेश उम्मीदवार होंगे।

लोकसभा स्पीकर पद खातिर पहिला बेर होई चुनाव

लोकसभा स्पीकर पद खातिर पहिला बेर चुनाव होखे के रास्ता साफ हो गइल बा। दरअसल, एनडीए के ओर से ओम बिरला आ विपक्षी गठबंधन के ओर से के सुरेश स्पीकर पद खातिर नामांकन भर देले बा लो।

बता दीं कि विपक्ष के ओर से डिप्टी स्पीकर पद के मांग कइल गइल रहे। कहल गइल कि विपक्ष एही सर्त पs समर्थन करी कि डिप्टी स्पीकर विपक्षी दल के सांसद के बनावल जाव। बाकिर, एह पs सहमति ना बन सकल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]