[the_ad_group id="30365"]

ट्राई: दूरसंचार कंपनी के अनचाहा कॉल के रिपोर्ट करे के तरीका के सरल बनावे के चाही, अब हर महीना रिपोर्ट देवे के होई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ट्राई कंपनी से कहले बा कि ऊ लोग अपना ऐप आ पोर्टल के सेटिंग बदलस आ एकरा के उपयोगकर्ता खातीर अउरी सुलभ बनावे, ताकि कवनो ग्राहक स्पैम से जुड़ल शिकायत चाहे सहमति के रिपोर्ट अउरी आसानी से दे सके।

दूरसंचार नियामक कंपनी ट्राई सोमार के दिने दूरसंचार कंपनियन के निर्देश जारी कइलस कि ऊ लोग अपना मोबाइल ऐप आ वेब पोर्टल में सुधार करस जेहसे कि ग्राहकन के अनचाहा व्यावसायिक भा स्पैम कॉल से बचावल जा सके । ट्राई कंपनी से कहले बा कि ऊ लोग अपना ऐप आ पोर्टल के सेटिंग बदलस आ एकरा के उपयोगकर्ता खातीर अउरी सुलभ बनावे, ताकि कवनो ग्राहक स्पैम से जुड़ल शिकायत चाहे सहमति के रिपोर्ट अउरी आसानी से दे सके। एकरा अलावे ट्राई इहो कहलस कि अब सभ दूरसंचार कंपनी के तीन महीना के बजाय हर महीना उपभोक्ता के शिकायत पs निगरानी आ कार्रवाई से जुड़ल जानकारी देवे के होई।

ट्राई एक्सेस प्रदाता लोग से कहले बा कि ऊ लोग अपना मोबाइल ऐप आ वेबसाइट पर स्पैम आ अनचाहा कॉल के शिकायत के रजिस्ट्रेशन आ प्राथमिकता प्रबंधन खातिर इस्तेमाल में आसान विकल्प उपलब्ध करावे । जदी यूजर अपना कॉल लॉग आ बाकी संबंधित डेटा तक पहुंच के अनुमति देवेले तs शिकायत के रजिस्ट्रेशन खातीर जरूरी विवरण के स्वचालित रूप से भरल जाए के चाही।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]