[the_ad_group id="30365"]

आयुष्मान आ अपारशक्ति खुराना के पिता के निधन… 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

बॉलीवुड कलाकार आयुष्मान आ अपारशक्ति खुराना के पिता पी. खुराना के शुक के दिने मोहाली में निधन हो गइल। ऊ एगो लमहर बेमारी से जूझत रहले जवना के चलते उनुकर निधन हो गइल। पी खुराना एगो जानल मानल ज्योतिषी आ अंकशास्त्री रहले। आयुषमान अवुरी अपारशक्ति दुनो लोग अक्सर अपना पिता के संगे तस्वीर पोस्ट करत रहले अवुरी उनुका प्यार अवुरी मार्गदर्शन खातीy उनुका के धन्यवाद देत रहले। आयुष्मान भी उनुका के उनुकर सपना पूरा करे में मदद करे के श्रेय देले।
अपारशक्ति खुराना के प्रवक्ता एगो बयान जारी क कहले कि, हमनी के इ बतावत बहुत दुख होखता कि आयुष्मान अवुरी अपारशक्ति खुराना के पिता ज्योतिषी पी खुराना के आजु सबेरे 10:30 बजे मोहाली में लंबा समय तक गंभीर बेमारी के चलते निधन हो गईल। हमनी के एह व्यक्तिगत नुकसान के समय में रउआ सभे के दुआ आ समर्थन के ऋणी बानी जा।

मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक पी खुराना कुछ समय से दिल के बेमारी से पीड़ित रहले अवुरी उनुकर इलाज मोहाली के एगो निजी अस्पताल में चलत रहे। पी खुराना अपना ज्ञान के आधार पे ज्योतिष पे भी किताब लिखले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]