[the_ad_group id="30365"]

RBI To Withdraw Rs 2,000 Notes: दु हजार के नोट चलन से बाहर होई, बैंकन में 30 सितंबर तक बदलल जा सकी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आरबीआई 2000 रुपिया के नोट के चलन से वापस लेवे के घोषणा कइले बा। भारतीय रिजर्व बैंक बैंकन के सलाह देले बा कि ऊ तत्काल प्रभाव से 2000 रुपिया मूल्यवर्ग के बैंकनोट जारी कइल बंद करे। हालांकि 2000 रुपिया मूल्यवर्ग के बैंक नोट वैध मुद्रा बनल रही। जानकारी के मोताबिक, क्लीन नोट पॉलिसी के तहत आरबीआई ई फैसला लेले बा। आरबीआई कहले बा कि ई यह नोट 30 सितंबर तक कानूनी रूप से वैध रही।

2016 में आरबीआई कइले रहे जारी

आरबीआई नवंबर 2016 में आरबीआई एक्ट 1934 के धारा 24(1) के तहत ई नोट निकलले रहे। रिजर्व बैंक नोटबंदी के बाद एह नोटन के जारी कइले रहे। ई फैसला एह खातिर लिहल गइल रहे कि  ओह समय 500 आ 1000 रुपिया के जवन नोट चलन से हटावल गइल रहे, ओकर बाजार आ अर्थव्यवस्था पs असर कम कइल जा सके। जब दूसका मूल्य के बैंक नोट पर्याप्त मात्रा में उपलब्ध हो गइल, तब दु हजार रुपिया के चलन में ले आवे के उद्देश्य पूरा हो गइल। आरबीआई कहले बा कि 2000 रुपिया के बैंक नोटन के ले आवे के उद्देश्य के एक बेर पूरा हो गइला के बाद 2018-19 में 2000 रुपिया के नोटन के छपाई बंद कs दिहल गइल रहे। ओह समय तक आअर्थ मूल्यवर्ग के बैंक नोट पर्याप्त मात्रा में उपलब्ध हो गइल रहे। आरबीआई इहो बतवले बा कि मार्च 2017 से पहिले 2000 रुपिया मूल्यवर्ग के बैंक नोटन में से लगभग 89 प्रतिशत जारी कइल गइल रहे।

23 मई से सुरू होई बैंकन में नोट बदले के प्रक्रिया

लोग दु हजार रुपिया के नोट बैंक खातन में जमा करा सकी भा फेर ओकरा के आउर मुल्यन के नोटन के संगे कवनो बैंक शाखा में जाके एक्सचेंज करा सकी लो। लोगन के ई धेयान रखे के होई कि एक बेर में अधिकतम 20 हजार रुपिया मूल्य के नोट बदलवावल जा सकी। ई प्रक्रिया 23 मई से सुरू होई आ 30 सितंबर 2023 के खतम होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]