WordPress database error: [Table 'khabarbh_sdlkopui3678.wp_post_views' doesn't exist]SELECT SUM(count) AS views FROM wp_post_views WHERE id IN (24926) AND type = 4
श्रीलंका में खराब आर्थिक हालात के मद्देनजर आम लोग के सरकार के खिलाफ हल्लाबोल जारी बा। शुक्रवार के नेशनल असेंबली में हिंसक प्रदर्शन के बाद राष्ट्रपति गोटबाया राजपक्षे फिर से इमरजेंसी लगवले के घोषणा क देहनें। श्रीलंका में एक महीना बाद दोबारा आपातकाल लगावल गइल बा।
शुक्रवार रात संसद के बाहर प्रदर्शन कs रहल प्रदर्शनकारियन पर पुलिस लाठीचार्ज कइलस। हालांकि, प्रदर्शनकारी लगातार संसद भवन के बाहर डटल बाने सs। श्रीलंकाई संसद में डिप्टी स्पीकर चुनाव के बाद फिर से हंगामा शुरू भइल बा। एह चुनाव में सत्ताधारी पार्टी जीत गइल, जेसे प्रदर्शनकारी अउरी उग्र हो गइल बानें।
गोटबाया कइनें प्रधानमंत्री से इस्तीफ़ा के मांग
श्रीलंकन मीडिया के अनुसार कैबिनेट मीटिंग में राष्ट्रपति गोटबाया राजपक्षे प्रधानमंत्री महिंद्रा राजपक्षे से इस्तीफा देवे के कहलें। गोटबाया कहने कि अंतरिम सरकार खातिर प्रधानमंत्री पद छोड़ेके होई। हालांकि, पीएम कार्यालय ओर से एह खबर के खंडन कइल गइल बा।
विपक्ष कइलस राष्ट्रपति के इस्तीफ़ा के मांग
श्रीलंका में फिर से इमरजेंसी की घोषणा के बाद विपक्ष सरकार पर हमलावर हो गइल बा। संसद में नेता प्रतिपक्ष साजिथ प्रेमदासा के कहनाम बा कि लोग के आवाज दबवले खातिर इमरजेंसी विकल्प नाइ बा। एकर एक्के विकल्प बा, राजपक्षे के इस्तीफा।