Bihar School News: बिहार में 35000 छात्र सरकारी स्कूल से कटववले नांव, शिक्षा विभाग के प्लान कऽ गइल काम

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 27, 2024

Bihar School News: शिक्षा विभाग के ओर से आधार सीडिंग के आदेश के असर बिहार में देखाई देवे लागल बा। बतावल जाता कि 35 हजार छात्र डर से सरकारी स्कूल से आपन नाम वापस ले

Share

Bihar School News: शिक्षा विभाग के ओर से आधार सीडिंग के आदेश के असर बिहार में देखाई देवे लागल बा। बतावल जाता कि 35 हजार छात्र डर से सरकारी स्कूल से आपन नाम वापस ले लेले। आवे वाला समय में एकर संख्या अउरी बढ़ जाई काहे कि अबहीं स्कूलन में आधार सीडिंग चलत बा। लइकन खातिर आधार कार्ड बनावे के अभियानो चलावल जा रहल बा।

राज्य के सरकारी अउरी निजी स्कूल के छात्र के आधार सीडिंग के असर देखाई देवे लागल बा। दोहरा नामांकन में फंसला के डर के चलते निजी स्कूल के करीब 35 हजार छात्र के नाम सरकारी स्कूल से हटा दिहल गइल बा।

शिक्षा विभाग से मिलल जानकारी के मोताबिक संबंधित छात्र के बारे में जानकारी केंद्रीय माध्यमिक शिक्षा बोर्ड के दिहल गइल बा। एह तरह के छात्रन के दोहरी नामांकन के जानकारी ई-शिक्षाकोश पोर्टल पs आधार नंबर सत्यापन के माध्यम से मिलल बा।

एह पोर्टल पर सरकारी आ निजी स्कूलन के विद्यार्थियन के आधार सीडिंग हो रहल बा। पिछला साल सरकारी स्कूल से दू लाख 80 हजार विद्यार्थियन के नाम हटा दिहल गइल रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.