[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: यात्रियन के मन के भाइल गोरखपुर एयरपोर्ट.. देस में आठवां स्थान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। गोरक्षनगरी के एयरपोर्ट के ग्राहक संतुष्टि के ममिला में देस में आठवां स्थान मिलल बा। देस के आउर एयरपोर्ट के मुकाबला कम संसाधन में एयरपोर्ट के ई उपलब्धि मिलल बा। खास बात ई बा कि गोरखपुर अबकी बेर रैंकिंग में सामिल हो गइल बा। गोरखपुर के संगही देहरादून, प्रयागराज जिला के अखिल भारतीय स्तर पs आठवां रैंक मिलल बा। पहिला स्थान पs राज मुंदरी, दूसरका स्थान पर गग्गल आ तीसरका पs लेह बा।

बता दीं कि एयरपोर्ट अथॉरिटी ऑफ इंडिया (एएआई) के ओर से हर छह महीना में अखिल भारतीय स्तर पs ग्राहक संतुष्टि सूचकांक जारी कइल जाला। एह दौरान जनवरी से जून आ जुलाई से दिसंबर तक के अवधि में सर्वे के आधार पs एएआई आपन रिपोर्ट जारी करेला। एह सर्वे में एयरपोर्ट पs यात्रियन से उहां मवजूद सुविधन के बारे में पूछल जाला। यात्रियन से लिहल गइल फीडबैक के आधार पs एयरपोर्ट के रैंक निर्धारित कइल जाला। एह साल जनवरी से जून तक तक भइल सर्वे के रिपोर्ट अब एयरपोर्ट अथॉरिटी ऑफ इंडिया जारी कइले बा। एमे खाली घरेलू उड़ान संचालित कइल जाये वाला 61 एयरपोर्ट सामिल कइल गइल बा।

एयरपोर्ट पर बढ़ल सुविधा

गोरखपुर एयरपोर्ट से वर्तमान में एक दिन में आठ शहरन के खातिर 16 उड़ान हो रहल बा। हर दिन इहां 2400-2500 यात्री आ रहल बा लो। इहां पर बइठे खातिर एसी हॉल, एक्सीलेटर लिफ्ट सहित तमाम सुविधा दिहल गइल बा।

विजय कौशल, प्रभारी प्रचालन, कहलें एयरपोर्ट के आठवीं रैंक मिलल बा। कम संसाधन में इहां यात्रियन के सुविधा के खास खेयाल रखल जाला। एहिसे यात्रियन के फीडबैक हमेशा अच्छा मिलेला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]