[the_ad_group id="30365"]

NASA अंतरिक्ष यात्रियन के वापसी पs दिहलस बड़ अपडेट, ‘अबे तय नईखे कवनो तारीख’

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

अमेरिकी अंतरिक्ष एजेंसी नासा के दू गो अंतरिक्ष यात्री के अंतर्राष्ट्रीय अंतरिक्ष स्टेशन से लवटे में एक महीना से अधिका के देरी हो चुकल बा. अंतरिक्ष यात्री तबले अंतर्राष्ट्रीय अंतरिक्ष स्टेशन पs रहीहें जबले इंजीनियर बोइंग के ‘कैप्सूल’ में आइल समस्या के ठीक ना करस. अधिकारी बियफ़ें के इs जानकारी देले। परीक्षण पायलट बुच विल्मोर आ सुनीता विलियम्स के करीब एक हफ्ता ले स्पेस लैब में रहे के रहे आ जून के बीच में वापसी करे के रहे बाकिर बोइंग के नयका स्टारलाइनर कैप्सूल में थ्रस्टर के खराबी आ हीलियम के रिसाव के चलते नासा आ बोइंग के अधिक समय ले उहां रोके के पड़ल।

पांच गो थ्रस्टर के समस्या 

नासा के कमर्शियल क्रू प्रोग्राम मैनेजर स्टीव स्टिच के कहल बा कि मिशन मैनेजर वापसी के तारीख के एलान करे के तइयार नइखन. इंजीनियर पिछला हफ्ता न्यू मैक्सिको रेगिस्तान में एगो स्पेयर थ्रस्टर के परीक्षण पूरा कइले बाड़न जेहसे कि ई पता लगावल जा सके कि ‘डॉकिंग’ के दौरान के गलती भइल आ पृथ्वी पs वापसी के तइयारी कइल जा सके. 6 जून के, रवाना भइला के एक दिन बाद, कैप्सूल के स्पेस स्टेशन के नजदीक आवत-आवत पांच थ्रस्टर में खराबी के सामना करे के पड़ल। एकरा बाद चार गो के फेर से शुरू कs दिहल गइल बा।

निजी कंपनी काम कs रहल बाड़ी सs

स्पेस शटल के रिटायर भइला के बाद नासा अंतरिक्ष यात्री लोग के स्पेस स्टेशन ले जाए खातिर निजी कंपनी सभ के काम पs रखलस आ बोइंग आ स्पेसएक्स के अरबों डॉलर के भुगतान कइलस। बोइंग के इs पहिला परीक्षण उड़ान रहे जवना में चालक दल रहे। स्पेसएक्स 2020 से इंसान के अंतरिक्ष में ले जा रहल बा।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]