[the_ad_group id="30365"]

Kargil Vijay Diwas: आज लद्दाख में कारगिल विजय दिवस मनइहें पीएम मोदी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

भारत 26 जुलाई के कारगिल विजय दिवस के रजत जयंती मना रहल बा। 25 साल पहिले के आज के दिन भारतीय सेना अपना बहादुरी अवुरी हिम्मत से भारत में घुसल पाकिस्तानी सेना अवुरी ओकरा घुसपैठिया के भगा देले रहे। एह मौका पs भारत के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी शुक के दिने लद्दाख के कारगिल युद्ध स्मारक पs शहीदन के श्रद्धांजलि भी दीहें. एकरा अलावे पीएम मोदी कारगिल युद्ध में शहीद जवान के पत्नी से भी बात करीहे। कारगिल विजय दिवस पs पीएम मोदी के पूरा कार्यक्रम जानीं।

पीएम मोदी का कहले?

कारगिल विजय दिवस के लेके पीएम मोदी भी एगो संदेश देले बाड़े। पीएम मोदी लिखले बाड़न कि 26 जुलाई हर भारतीय खातिर बहुते खास दिन हs. अबकी बेर हमनी के 25वां कारगिल विजय दिवस मनावल जाई। पीएम मोदी कहले कि इs दिन हमनी के राष्ट्र के रक्षा करेवाला सभ लोग के श्रद्धांजलि देवे खातीर बा। पीएम मोदी कहले कि हम कारगिल युद्ध स्मारक के दौरा करब अवुरी हमनी के बहादुर नायकन के श्रद्धांजलि देब।

दुनिया के सबसे ऊंच सुरंग पs काम के उद्घाटन

पीएम मोदी जानकारी दिहले बाड़न कि उनुका लद्दाख यात्रा के दौरान शिंकुन ला सुरंग परियोजना के काम के भी उद्घाटन कइल जाई. प्रधानमंत्री कार्यालय के ओर से दिहल जानकारी के मुताबिक, लेह से संपर्क में सुधार खातीर इs सुरंग परियोजना महत्वपूर्ण होई। एकरा से लेह में हर मौसम में कनेक्टिविटी दिहल जाई। काम पूरा होखला के बाद शिंकून ला दुनिया के सबसे ऊँच सुरंग होई।

पीएम मोदी के कार्यक्रम के शेड्यूल?

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी 9 बजे कारगिल होत द्रास पहुंचिहें आ एक बजे ले जवानन से भेंट करीहें आ युद्ध स्मारक पs श्रद्धांजलि दीहें. एकरा बाद पीएम मोदी वीर नारियन (युद्ध में शहीद जवान के पत्नी) से बात करीहे अवुरी वीर भूमि के दौरा करीहे। एकरा बाद पीएम मोदी शिंकू ला सुरंग के डिजिटल तरीका से उद्घाटन करीहे।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]