Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

यूपी वालन के बिजली विभाग दिहलस बड़ राहत, भारी बकाया बिल के 25% देके चालू होई कनेक्शन

2,577

 

 

यूपीपीसीएल ओह लोग खातिर राहत के खबर दिहले बिया जिनकर बिजली कनेक्शन उत्तर प्रदेश में भारी बिल के बकाया के चलते काट दिहल गइल बा। भारी बिल बकाया के चलते बिजली उपभोक्ता के कनेक्शन कटवावे वाला बिजली उपभोक्ता के उत्तर प्रदेश पावर कॉरपोरेशन लिमिटेड (यूपीपीसीएल) बहुत राहत देले बिया। यूपीपीसीएल अयीसन उपभोक्ता के भारी बिल के भुगतान क के किस्त में बिल के भुगतान करे के सुविधा देले बिया। बतावल जाता कि भारी बकाया बिल के चलते जिनकर बिजली कनेक्शन टूट गईल बा, उ लोग अपना कुल बकाया बिल के 25 प्रतिशत जमा क के बिजली के कनेक्शन बहाल करा सकतारे अवुरी बाकी बिल किस्त में चुका सकतारे।

5000 रुपया से अधिक के बिल डिफॉल्टर पे कार्रवाई

दरअसल उत्तर प्रदेश में बिजली के भारी बिल ना देवे वाला लोग के कनेक्शन कटवावे के अभियान चलता। एकरा तहत जवना उपभोक्ता के बकाया बिल पांच हजार रुपया से जादे बा, ओ लोग के कनेक्शन काट दिहल जाता। शहर के अलावा ग्रामीण क्षेत्र में भी इ अभियान चलावल जा रहल बा। एहसे अब यूपीपीसीएल राज्य के बिजली उपभोक्ता के आपन भारी बिल किस्त में चुकावे के सुविधा दे देले बिया। लोग कवनो माध्यम से आपन बिल ऑफलाइन भा ऑनलाइन भुगतान कर सकेला।

यूपीपीसीएल अपना आदेश में का कहलस?

बतावल जा सकेला कि काल्हु यूपीपीसीएल के अध्यक्ष एम. देवराज एगो आदेश जारी क के शहरी आ ग्रामीण उपभोक्ता के आपन बकाया बिल किस्त में देबे के इजाजत दिहले बाड़न। बिजली विभाग के ए आदेश के मुताबिक बिल के बकाया होखे के स्थिति में उपभोक्ता कुल बकाया राशि के मात्र 25 प्रतिशत के भुगतान क के आपन कनेक्शन जोड़ सकतारे। पहिले बिजली उपभोक्ता के बकाया भुगतान के कम से कम 50 प्रतिशत विशेष परिस्थिति में जमा करे के सुविधा रहे अवुरी ए सुविधा के लाभ उच्च अधिकारी के आदेश के बाद ही दिहल जात रहे।

 

 

 

 

 

 

554240cookie-checkयूपी वालन के बिजली विभाग दिहलस बड़ राहत, भारी बकाया बिल के 25% देके चालू होई कनेक्शन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.