[the_ad_group id="30365"]

Durgapur Accident : कूलिंग टावर से गिरके दू मजदूरन के मौत, एगो गंभीर घायल, जांच सुरू

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दुर्गापुर। पश्चिम बंगाल के दुर्गापुर में एगो दर्दनाक औद्योगिक हादसा हो गइल। दुर्गापुर प्रोजेक्ट लिमिटेड (DPL) के कूलिंग टावर पs काम करत घरी ऊँचाई से गिरला के कारण दूगो ठेका मजदूरन के मौत हो गइल, जबकि एगो आउर मजदूर गंभीर रूप से घायल हो गइल बा। घटना के बाद पुलिस जांच में जुट गइल बिया।

मिलल जानकारी के मोताबिक, डीपीएल के कूलिंग टावर पs रेलिंग काटे के काम चलत रहे। एह दौरान अचानक संतुलन बिगड़ गइल आ तीनो मजदूर ऊँचाई से नीचे गिर पड़ले।

हादसा एतना गंभीर रहे कि दू मजदूरन के घटनास्थल पs मौत हो गइल, जबकि तीसरा मजदूर गंभीर हालत में अस्पताल भेजल गइल। डॉक्टर ओकर इलाज में जुटल बा लोग आ हालत चिंताजनक बतावल जा रहल बा।

सुरक्षा मानक पs उठल सवाल

घटना के खबर मिलतही कोक ओवन थाना पुलिस आ भारतीय मजदूर संघ (BMS) के पदाधिकारी घटनास्थल पs पहुंच गइल लोग। पुलिस पूरा ममिला के जांच सुरू कs देले बिया। जांच में ई पता लगावल जा रहल बा कि हादसा के समय सुरक्षा नियमन के पालन भइल रहे कि ना। संगही इहो देखल जा रहल बा कि कहीं सुरक्षा इंतजाम में लापरवाही तs ना भइल रहे।

डीपीएल परिसर में शोक के माहौल

एह दुखद घटना के बाद पूरा डीपीएल परिसर में मातम के माहौल बा। साथी मजदूर आ कर्मचारी हादसा से सदमा में बा लो। पुलिस हादसा के असली कारण पता लगावे खातिर सबूत जुटावत बिया आ संबंधित लोगन से पूछताछ कइल जा रहल बा।

पहिलहू भइल रहे बड़ औद्योगिक हादसा

एकरा से पहिले पश्चिम बंगाल के हल्दिया पेट्रोकेमिकल्स परिसर में नेफ्था पाइपलाइन में भीषण आग लागे से एगो व्यक्ति के मौत हो गइल रहे, जबकि 20 से जादे लोग घायल भइल रहे। ओह हादसा में कइयन गो घर जल गइल रहे आ रेलवे के ओवरहेड बिजली लाइनो क्षतिग्रस्त हो गइल रहे।

लगातार हो रहल औद्योगिक दुर्घटना सुरक्षा बेवस्था पs गंभीर सवाल खड़ा करत बा। अब देखे वाला बात होई कि जांच रिपोर्ट में का खुलासा होला आ दोषी लोगन पs का कार्रवाई कइल जाला।

Read Also: Share Market : दिनभर के उतार-चढ़ाव के बाद शेयर बाजार हरियर निशान पs बंद, सेंसेक्स 130 अंक चढ़ल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]