बिजनेस डेस्क। भारतीय शेयर बाजार बुध के दिन उतार-चढ़ाव से भरल कारोबार के बाद आखिरकार बढ़त के संगे बंद भइल। बीएसई सेंसेक्स 130.49 अंक चढ़के 77,185.43 पs बंद भइल, जबकि निफ्टी 26.45 अंक के तेजी के संगे 24,078.50 पs पहुंच गइल। बाजार के बढ़त में PSU बैंक आ कैपिटल गुड्स सेक्टर के शेयरन के सबसे बड़ जोगदान रहल।
PSU बैंक आ कैपिटल गुड्स शेयर चमकल
कारोबार के दौरान निवेशकन के सबसे बेसी भरोसा PSU बैंक आ कैपिटल गुड्स सेक्टर पs देखे के मिलल। निफ्टी PSU बैंक इंडेक्स करीब एक फीसदी चढ़के दिन के सबसे बढ़िया प्रदर्शन करे वाला सेक्टर बनल।
एकरा अलावा ऑयल एंड गैस, बैंकिंग, कंज्यूमर ड्यूरेबल्स, एनर्जी आ फार्मा सेक्टर के शेयरन में मजबूत खरीदारी देखल गइल। बीएसई पs कैपिटल गुड्स इंडेक्स 1.27 फीसदी के बढ़त के संगे सबसे बड़ गेनर रहल।
आईटी आ मेटल सेक्टर पs दबाव
जहां कइयन गो सेक्टर में तेजी रहल, ओहिजा मेटल सेक्टर में कमजोरी देखे के मिलल। निफ्टी मेटल इंडेक्स 1.11 फीसदी गिरावट के संगे सबसे कमजोर सेक्टर रहल। एकरा अलावा आईटी, एफएमसीजी, मीडिया, रियल एस्टेट आ इंफ्रास्ट्रक्चर सेक्टर में हल्का बिकवाली के माहौल रहल।
काहे चढ़ल शेयर बाजार?
बाजार के तेजी के पीछे कइयन गो अंतरराष्ट्रीय कारण रहल। अमेरिका में जून महीना के महंगाई दर उम्मीद से कम रहल, जवना से निवेशकन के भरोसा बढ़ल कि अमेरिकी फेडरल रिजर्व जल्दी ब्याज दर में तेज बढ़न्ती ना करी।
एह बीच अमेरिका के राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप होर्मुज जलडमरूमध्य से गुजरत जहाजन पs प्रस्तावित 20 फीसदी ट्रांजिट शुल्क वापस लेवे के फैसला कइलें। एह खबर से वैश्विक बाजार में सकारात्मक माहौल बनल।
रूस पs प्रतिबंध के मसौदा में बदलाव से राहत
अमेरिका रूस पs नया प्रतिबंध के मसौदा में बदलाव कइलस। भारत आ चीन जइसन देसन पs प्रस्तावित अधिकतम 500 फीसदी शुल्क के घटाके 100 फीसदी करे के प्रस्ताव रखल गइल। एकरा से भारतीय निवेशकन के चिंता कुछ कम भइल।
आगे का बा उम्मीद?
दिनभर उतार-चढ़ाव के बादो शेयर बाजार हरियर निशान पs बंद भइल, जवना से निवेशकन के भरोसा मजबूत भइल बा। जदि वैश्विक बाजार से सकारात्मक संकेत मिलत रहल, तs आवे वाला कारोबारी दिनन में भारतीय शेयर बाजार में आउर मजबूती देखे के मिल सकेला।
Read Also: IND vs ENG ODI : भारत-इंग्लैंड दूसरा वनडे कब खेलल जाई? नोट करीं दूसरा आ तीसरा मैच के तारीख









